Go to ...
RSS Feed

बिप्लब देव त्रिपुरा के मुख्यमंत्री पद के किरिया लीहलें


अगरतला 09 मार्च (वार्ता) त्रिपुरा भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष बिप्लब देब आजु त्रिपुरा के मुख्यमंत्री पद के किरिया ले लिहलें आ एकरा साथही बँवारा गोलन के 25 बरीस पुरान किला भसावल माहौल केसरिया हो गइल.

राज्यपाल तथागत रॉय राजभवन में आयोजित एगो भव्य समारोह में बिप्लब देव के पद आ गोपनीयता के किरिया धरवलें. एह मौका पर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, भाजपा अध्यक्ष अमित शाह, केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह, भाजपा के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी अउऱ मुरली मनोहर जोशी समेत अनेके खामसखास लोग एह ऐतिहासिक क्षण के साक्षी बनलें.

सरकार के किरिया धराई समारोह के बाद एगो जनसभा के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि केंद्र सरकार त्रिपुरा के विकास आ एहिजा के लोगन के सपना पुरावे ला हरसंभव मदद करी. जवना सपनन के लेके ई सरकार बनल बा, ओकरा के पूरा करे में केंद्र सरकार राज्य का साथे कंधा से कंधा मिलाके चली. नयकी सरकार से विकास के नया दीपक जरावे के निहारो करत कहलन कि सरकार जतने तेजी से काम करी, ओतने तेजी से केंद्र हरसंभव सहायता दी.

प्रधानमंत्री के कहना रहल कि सरकार कवनो गोल के होले बाकिर जनता कवनो गोल के ना होखे. ऊ देश के होले आ एही मूलमंत्र पर उनुकर सरकार काम करत बिया. कहलन कि त्रिपुरा में विपक्षी विधायकन का लगे शासन के लमहर तर्जुबा बा जबकि नयकी सरकार नवहियन के बिया. ई उमंग आ उत्साह से भरत बिया. कहलन कि हम चाहब कि सत्तापक्ष आ विपक्ष मिलि के काम करे आ त्रिपुरा के विकास के नया बुलंदियन पर चहुँपावे.

Tags: , , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: