लखनऊ 09 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव में समाजवादी गोल के उम्मीदवार जया बच्चन आजु आपन परचा दाखिल कर दिहली.
विधानभवन के सेंट्रल हाल में जया बच्चन के परचा दाखिल करत घरी पार्टी अध्यक्ष अखिलेश यादव के सांसद पत्नी डिंपल यादव, किरणमय नंदा, अभिषेक मिश्रा आ राजेंद्र चौधरी के अलावे सुब्रत राय सहारा मौजूद रहलें.
परचा दाखिल कइला का बाद जया बच्चन सपा गोल के आलाकमान आ सरंक्षक मुलायम सिंह यादव ला आपन आभार जतवली. कहली कि एक बेर फेरु उनुका पर विश्वास जतावे ला ऊ सपा नेतृत्व के शुक्रगुजार बाड़ी.
गोल के बड़का नेतन का जगहा उनुका मिलल तरजीह के सवाल पर जया बच्चन कहली – का हम सीनियर ना हईं ?
जाने जोग बा कि अखिलेश यादव के नेतृत्व वाली सपा विधानसभा में 47 सीटन पर काबिज बिया आ एह लिहाज से एकरा राज्यसभा के एके गो सीट मिल सकेला. हालांकि ओकरा लगे दस गो भोट अधिका बा जवन दोसरका सीट के दावेदार ला इस्तेमाल होखी. ओहमें बसपा के 19, कांग्रेस के सात आ रालोद के एगो विधायक के जोड़ दीहल जाव त विपक्ष एगो सूट अउरिओ जीत सकेले आ एह सीट ला बसपा के भीमराव अम्बेदकर दावेदार हो गइल बाड़ें.
राज्यसभा में फिलहाल सपा के छह गो सांसद रहले हँ. अब नरेश अग्रवाल, किरणमय नंदा वगैरह के कार्यकाल दू अप्रैल के पूरा हो जाई. आठ गो सीट अबकी भाजपा का खाता में पड़ें वाला बा.
ओह आठ सीट ला केन्द्रीय वित्त मंत्री अरूण जेटली समेत बाकी उम्मीदवार सोमार का दिने आपन परचा दाखिल कर सकेलें. ई आठो आ सपा के जया बच्चन निर्विरोध चुना जइहें. एके सीट ला जोर आजमाइश होखे जा रहल बा अगर एगारहवां उमीदवार आपन परचा दाखिल कर दिहलसि त.
परचा दाखिल करे के आखिरी तारीख 12 मार्च बा. आ नाम वापसी के 15 मार्च. अगर जरुरी भइल त 23 मार्च के भोट करा के ओही दिने साँझ के परिणाम आ जाई.