रामपुर,11 मार्च (वार्ता). समाजवादी गोल के फायरब्रांड नेता मोहम्मद आजम खान आजु अपना जमाना के मशहूर अदाकारा आ सांसद रह चुकल जया प्रदा पर घटिया टिप्पणी करत कहलें कि – हम नचनियन के मुंह ना लगाईं.
आजम खान आजु एहिजा भइल एगो सार्वजनिक कार्यक्रम के दौरान कहलन कि पद्मावत बनल बा. सुननी हँ कि खिलजी के किरदार बहुते खराब बा एहमें. खिलजी के आवे से पहिलहीं पद्मावती एह दुनिया से चल गइल रही बाकिर एगो नाचे वाली महिला हमरा बारे में टिप्पणी कइले बाड़ी. अब रउरे सभे बताईं कि हम नचनियन का मुँहे लागब त सियासत कइसे करब.
जाने जोग बा कि जयाप्रदा संजय लीला भंसाली के फिलिम पद्मावत देखला का बाद काल्हु कहले रही कि खिलजी के किरदार उनुका के आजम खान के याद करा दिहलसि. याद करा दिहलसि कि कवना तरह ऊ हमरा के चुनाव का दौरान परेशान कइले रहलन.
आजमे खान ओह घरी बॉलीवुड अभिनेत्री जया प्रदा के रामपुर लेके आइल रहलन. जयाप्रदा साल 2004 आ 2009 में रामपुर से लोकसभा सदस्य रह चुकल बाड़ी. साल 2009 के लोकसभा चुनाव में आजम खान उनुका विरोध में रहलन. तब जयाप्रदा आजम खान पर बहुते आरोप लगवले रही. इहाँ ले कहले रही कि आजम उनुकर फूहड़ फोटो बँटववले बाड़न. साल 2009 में जयाप्रदा जब दूसरकी बेर रामपुर से लोकसभा चुनाव लड़त रही तब आजम खान सपा से बाहर हो गइल रहलें. जयाप्रदा चुनाव जीत गइल रही आ आजम खान से अपना जान के खतरा बतवले रही.
116 total views, 1 views today