राहुल गाँधी का बारे में सोशल मीडिया पर अतना चुटकुला पसरल रहेला कि बुझाव ना कि कवन साँच ह कवन गप. राहुलो अपना तरफ से कुछ उठआ ना रखसु कि उनुका के लोग महाविद्वान मान लेव आ उनुका कहला पर कुछ कहे के जरुरत मत समुझे.
आजु फेरु अइसने हो गइल. एह खबर के ठीक पहिले वाला खबर में राहुल के बयान आइल बा जवना में ऊ अरुण जेटली के पीएनबी घोटाला में लपेटे के कोशिश कइले बाड़न. बाकिर हर बेर का तरफ राहुल फेरु एगो सेल्फ गोल मार दिहले बाड़न.
जवना स्रोत का आधार पर राहुल बिना सोचले समुझले आपन ट्वीट चेंप दिहले बाड़न, भा उनुकर ट्वीटर हैण्डल देखे वाला उनुकर पीडी ई काम क दिहले बा, ऊ अपनहीं माम चुकल बा कि एह बाति में कवनो दम नइखे. मेहुल चोकसी के कंपनी का तरफ से जेटली के बेटी के फर्म के रिटेनरशिप पर राखत जरुर गइल रहे बाकिर एह से पहिले कि ऊ कंपनी चौकसी के कवनो सलाह दीत, भांडा फूट चुकल रहे आ फर्म तुरते अगवाह वापिसो क दिहलसि.
अब सवाल उठत बा कि का बिना पूरा पढ़लहीं राहुल भा उऩुकर हैण्डल चलावे वाला ई ट्वीट चेप दिहलसि आ कि उनुका के दोसर बाति बतावल गइल रहुवे आ बाद में ओह खबर के निराधार होखला के खबर समय रहते राहुल के ना चहुँपावल जा सकल.
एहीसे कहल जाला कि बुड़बक बुझावे से मरद आ राहुल के जे कुछ सीखा पढ़ा लेव ऊ महागुरु.
96 total views, 1 views today