web analytics

सपा के कचरा भाजपा का घर में


नयी दिल्ली 12 मार्च. सपा गोल के नेता रहल नरेश अग्रवाल आजु भाजपा में शामिल हो गइलन.

नरेश अग्रवाल भाजपा मुख्यालय में आ के पार्टी के सीनियर नेता आ रेल मंत्री पीयूष गोयल का मौजूदगी में गोल के सदस्य बनलन. एह मौका पर उनुकर कहना रहल कि बिना कवनो राष्ट्रीय पार्टी में रहले सही तरीका से देश सेवा ना कइल जा सके, एही से ऊ भाजपा में शामिल होखत बाड़न. कहलन कि ऊ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से बहुते प्रभावित बाड़न.

नरेश अग्रवाल के राज्यसभा सांसद वाला कार्यकाल अप्रेल में पूरा हो रहल बा आ संख्या बल का कमी का चलते सपा एके जने के राज्यसभा भेज सकत रहे आ एह ला जया बच्चन के चिकच दे दिहलसि. एह चलते खासा नाराज नरेश अग्रवाल भाजपा में शामिल हो गइलन आ भाजपा उनुका के शामिलो करा लिहलसि. खबर पसरता भाजपा के आम कार्यकर्ता आपन विरोध सोशल मीडिया पर दर्ज करावे लगलन. कुछ देर ले त अच्छा अच्छा आ पोढ़ो लोग एह हवा में बह चलल बाकिर थोड़िके देर बाद लोग सम्हरियो गइल आ एह राजनीतिक मजबूरी भा कौशल पर सवाल उठावल बन्द कर दीहल.

बाकिर चोर चोरी से जाई त जाई तुम्बाफेरी के आदत ना छोड़ सके. भाजपा मे शामिल होखला का बाद आदत से मजबूर नरेश अग्रवाल अपना बयान में जया बच्चन ला कुछ आपत्तिजनक बोल दिहलन आ भाजपा के ओकरा पर आपन सफाई देबे के पड़ गइल. एही पर एगो टिप्पणी इहो आइल कि सड़क के कचरा घर में ले के आएब त ओकर प्रोसेसिंग त करहीं के पड़ी आ एहमें समय लागेला. दोसरे संस्कारितो होखे में समय लागी. आइल बाड़न त जय श्रीराम कहबे करीहें. वृन्दावन में रहे के बा त राधे राधे कहहीं के होखी.

एह खबर से जुड़ल त ना बाकिर सामयिक खबर इहो रहल कि वाराणसी में पीएम मौदी आजु कचरा महोत्सव में शामिल भइल रहलन.

 87 total views,  1 views today

%d bloggers like this: