भोजपुरी पट्टी से, 13 मार्च 2018, मंगल


आनन्द अग्रवाल अपना समर्थकन संग सपा से किनारा कइलन
लखनऊ 13 मार्च(वार्ता). समाजवादी गोल के व्यापार सभा के अध्यक्ष आनन्द अग्रवाल समेत कई नेता आजु अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें. एह लोग के कहना बा कि सपा व्यापारी वर्ग आ वैश्य समाज के अनदेखी करत बिया. एह लोग के इहो शिकायत बा कि बसपा से गठबन्हन काहे कइलसि सपा गोल. तिसरे नरेश अग्रवाल के राज्य सभा टिकट काटि के साबित कर दिहलसि कि ई वैश्य आ व्यापारी समाज विरोधी हवे.


करंट लगला से माई बेटा मरले
आरा 13 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के बड़हड़ा प्रखंड के चंदा केवटिया गांव में खेल का दौरान दू बरीस के लडि़का के करंट लाग गइल. ओकर महतारी विमला देवी (30) बचावे अइली त उहो करंट का चपेटा में आ गइली आ दुनु के ओहिजे मौत हो गइल.


कुशीनगर सड़क हादसा में नवही के मौत
कुशीनगर, 13 मार्च (वार्ता). कुशीनगर के पटहेरवा इलाका में आजु भइल सड़क हादसा में एगो नवही के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि गोपालगंज(बिहार) के विश्वम्भरपुर इलाका के बलुवन सागर निवासी अजीत आ अंकित सबेरे मोटरसाइकिल से अपना कॉलेज लबनिया जात रहलें. राहे में एगो दूध सप्लाई करे वाला वाहन ओह लोग के पीछे से धक्का मार दिमंगहलसि. एह हादसा में अजीत के ठाँवे पर मौत हो गइल. अंकित गम्भीराह घवाहिल हो गइल बा. ओकरा के तमकुहीराज सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र से पडरौना जिला अस्पताल रेफर क दिहलें डॉक्टर. मौका पर चहुंपल पुलिस दूध वाहन के जब्त करत चालक के हिरासत में ले लिहले बिया.


विधान परिषद से पारित ना हो पावल यूपीकोका विधेयक
लखनऊ 13 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश विधानसभा से पारित भइला का बाद विधान परिषद में आइल प्रदेश संगिठत अपराध नियन्त्रण विधेयक, 2017 (यूपीकोका) पारित ना हो पावल. विधानमण्डल के शीतकालीन सत्र में पारित एह विधेयक के विधान परिषद प्रवर समिति के भेज दिहल् रहल. ओहिजा आइल संशोधन प्रस्ताव गिरला का बाद विधेयक के फेरु परिषद में पेश कइल गइल बाकिर विपक्षी बहुमत वाला विधान परिषद एकरा के पारित ना


सोनभद्र में महिला के लाश मिलल
सोनभद्र 13 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के रार्बट्सगंज इलाका में टीसन का लगे एगो औरत के क्षत विक्षत लाश मिलल बा. लाश के पहचान मिर्जापुर जिला के मड़िहान निवासी गुड्डू के पत्नी सोनी (35) का रूप में भइल बा. गुड्डू के मकान मालिक रमेश कुमार के कहना बा कि मरद मेहरारु दुनु दस दिन पहिले घर से गइल रहलें आ फेरु वापिस ना अइलें.


पटना मेट्रो रेल परियोजना के काम एही साल शुरु हो जाई
पटना 13 मार्च (वार्ता). विधानसभा में बिहार के नगर विकास अउर आवास मंत्री सुरेश शर्मा बतवलें कि पटना मेट्रो रेल परियोजना के काम एही साल शुरु हो जाई. केंद्र सरकार के नया दिशा-निर्देश का हिसाब से रेल इंडिया टेक्निकल एंड इकोनॉमिक सर्विस (आरआईटीईएस) अउर पटना के भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (एनआईटी) पटना मेट्रो रेल परियोजना ला नया विस्तृत परियोजना रिपोर्ट (डीपीआर) तइयार करत बाड़ें.


नवही के गरदन रेत के हत्या
छपरा 13 मार्च (वार्ता). सारण जिला के रिविलगंज इलाका के एकनिवास गांव के अवधेश राय के कुछ अपराधी मिल के उनुकर गरदन रेत के हत्या कर दिहलें. हत्या कवना कारण भइल से अबहीं पता नइखे चलल.


एसबीआई ग्राहक सेवा केन्द्र के कर्मचारी से दू लाख के लूट
सिवान 13 मार्च (वार्ता). सिवान जिला के एमएचनगर इलाका के हाताधनौती गांव का नियरा कुछ अपराधी एसबीआई ग्राहक सेवा केन्द्र के कर्मचारियन से दू लाख रुपिया लूट लिहले. पुलिस से पता चलल बा कि उसरी गांव के निवासी आ एसबीआई ग्राहक सेवा केन्द्र के संचालक शेख मेराज के दू गो कर्मचारी राकेश कुमार आ रजनीश मिश्रा ग्राहक सेवा केन्द्र से दू लाख रुपिया ले के चकरी बाजार के ग्राहक सेवा केन्द्र जात रहलें जब हाताधनौती गांव का नियरा दू गो मोटरसाइकिल से आइल चार गो बदमाश रुपिया लूत लिहले.


संतकबीरनगर में सड़क हादसा में एक आदमी के मौत, दुसरका घाहिल
संतकबीरनगर 13 मार्च (वार्ता). महुली इलाका के कंचन भैंसही गाँव के 20 बरीस उमिर के देवेन्द्र त्रिपाठी मोटर साइकिल से धनघटा इलाका के सेमरडांड़ी गांव में अपना बहिन का घरे गइल रहलन. ओहिजा से लवटत घरी 19 बरीस के उनुकर भगीना राजन पाण्डेय साथे आवत रहे. एही दौरान खलीलाबाद-धनघटा मार्ग पर निबिहवा पोखरा का लगे एगो तेज रफ्तार वाहन उनुका के धक्का मार दिहलसि. दुनु जने घवाहिल हो गइलें त लोग जिला अस्पताल ले गइल जहाँ इलाज के दौरान देवेन्द्र के मौत हो गइल आ राजन के बीआरडी मेडिकल कालेज गोरखपुर रेफर क दीहल गइल बा.


सिद्धार्थनगर में नेपाली युवक 20 लाख रूपिया का साथे गिरफ्तार
सिद्धार्थनगर 13 मार्च (वार्ता). नेपाल सीमा से सटल सिद्धार्थनगर जिला के अली गढ़वा कस्बा में काल्हु राति सशस्त्र सीमा बल के जवान सीमा पार क के घुसल एगो नेपाली नवही के ध लिहलें. नेपाल के कपिलवस्तु जिला के पकड़ी थाना के जमुनी गांव के विंध्याचल मान के एह नेपाली का लगे से 20 लाख नेपाली रुपिया बरामद भइल बा.


यूपी से राज्यसभा ला दाखिल एगो निर्दलीय के परचा खारिज
लखनऊ,13 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के दस गो सीट ला भराइल परचन में से एगो महेश चन्द्र शर्मा के परचा खारिज क गीहल गइल बा. इनका परचा में कवनो विधायक के नाम बतौर प्रस्तावक ना रहुवे. अब 13 उमीदवार चुनाव मैदान में बाड़ें आ भाजपा के कहना बा कि ओकर दू गो उमीदवार आपन परचा वापिस ले लिहें.


बिहार के मुख्य सचिव के गिरफ्तारी के मांग लेके हंगामा
पटना 13 मार्च (वार्ता). बिहार के मुख्य सचिव अंजनी कुमार सिंह का खिलाफ चारा घोटाला के एगो मामिला में प्राथमिकी दर्ज भइला का बाद विपक्ष उनुका के गिरफ्तार करे के मांग करत आजु हंगामा कइलसि. विधानसभा में कार्यवाही शुरू होखते राजद विधायक मुख्य सचिव अंजनी कुमार सिंह के पद से हटावे आ गिरफ्तार करे के मांग ले के हंगामा करे लगले. बाद में सभाध्यक्ष का कहला पर ई लोग शांत भइल आ कार्यवाही चले दीहल,


बस्ती में एगो महिला का लगे से गांजा बरामद
बस्ती 13 मार्च (वार्ता) . बस्ती के शहर कोतवाली इलाका के जिगना गांव के रहे वाली सुमित्रा का लगे से पुलिस डेढ़ किलो गांजा आ 50 हजार रूपिया नकद बरामद करत ओह औरत के गिरफ्तार क लिहलसि. बतावल जात बा कि ई महिला तस्कर ढेर दिन से एह धंधआ में लागल रहुवे.