लखनऊ, 15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी से मिलल समर्थन का बूता पर लोकसभा उपचुनाव में विजय पताका लहरावे वाली समाजवादी गोल के अब उपहार का तौर पर राज्यसभा में बसपा प्रत्याशी भीमराव अंबेडकर के भेजै ला जबरदस्त दबाव बा. यूपी से राज्यसभा के दस सीट पर एगारह उमीदवार हो गइला का चलते भोयिंग जरुरी हो गइल बा आ ई सपा गोल ला अगिनपरीक्षा से कम नइखे.
दरअसल, भाजपा गोल एगो खास रणनीति का तहत आपन नउवां उमीदवार के परचा दाखिल करवले बावे. सपा आ कांग्रेस पहिलहीं एलान क चुकल बाड़ें कि उनुकर भोट बसपा के जाई बाकिर भाजपा एह सीट के जीते ला कवनो कोर कसर छोड़े का मूड में नइखे.
सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव उपचुनावी नतीजा अइला का बाद काल्हु मायावती से भेंट कइलें आ उनुका के राज्यसभा चुनाव में समर्थन के भरोसा दोहरवलें. बाद में अपना गोल के विधायकन का बइठक में कहलन कि “उप चुनाव में बसपे का समर्थन से हमनी के जीत मिलल बा आ अब हमनी के कर्तव्य बनत बा कि बसपा उमीदवार के जितवाईं जा.
113 total views, 2 views today