नयी दिल्ली 16 मार्च (वार्ता). लोकसभा अध्यक्ष सुमित्रा महाजन आजु लोकसभा में तेलुगु देशम पार्टी आ वाईएसआर कांग्रेस का तरफ से मोदी सरकार का खिलाफ ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव के संसद में होखत हंगामा का चलते विचार खातिर राखे से इनकार कर दिहली आ सदन के कार्यवाही सोमार ले टार दिहली.
एक बेर के स्थगन के बाद 12 बजे जइसहीं सदन के कार्यवाही दुबारा शुरू भइल विपक्षी सांसद पहिलहीं का तरह हंगामा करत आसन का सोझा आ गइलें. हंगामा का बीचे स्पीकर महाजन जरूरी कागजात सदन के पटल पर रखववली. उनुकर कहना रहल कि तेदेपा के टी नरसिम्हन आ वाईएसआर कांग्रेस के वाई वी सुब्बा रेड्डी अविश्वास प्रस्ताव दिहले बाड़ें. ऊ बाध्य बाड़ी कि एह प्रस्ताव के सदन का सोझा राखसु बाकिर ओकरा ला सदन के व्यवस्थित रहल चाहीं. सदन के जवन माहौल बा ओकरा में प्रस्ताव के समर्थन भा विरोध करे वालन के गिनती कइल संभव नइखे.
सुमित्रा महाजन के ई कहते ही कांग्रेस समेत विपक्षी गोल के सदस्य प्रस्ताव के समर्थन करत अउरी हल्ला गुला कइल शुरु क दिहलें.
एही हंगामा के बीचे स्रपीकर कावेरी जल विवाद के मसला पर हंगामा करत अन्नाद्रमुक के सदस्यन आ तेलंगाना में आरक्षण के कोटा बढ़ाए के मांग करत तेलंगाना राष्ट्र समिति के सांसदन के अपना सीट पर जाए के कहली बाकिर ओह लोग पर कवनो असर ना भइल त सदन के कार्यवाही सोमार ले टार दिहली,
116 total views, 1 views today