चारा घोटाला के एगो अउर मामिला में शनिचर का दिने फैसला
रांची 16 मार्च (वार्ता). केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत में पुरनका बिना बाँटल बिहार के कुख्यात अरबों रुपिया के चारा घोटाला के एगो मामिला, दुमका कोषागार से अवैध निकासी, के फैसला काल्हु शनिचर का दिने सुनावल जाई. सीबीआई के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह का अदालत में चारा घोटाला मामिला में जेल में बंद लालू प्रसाद यादव समेत अउरिओ अभियुक्तन के आजु वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से पेशी भइल.
सोशलिस्ट गोल के नेता रमाकांत पान्डेय के निधन
गोरखपुर 16 मार्च (वार्ता). पुरनका सोशलिस्ट गोल के नेता रमाकांत पान्डेय के निधन गोरखपुर के महादेव झारखंडी में उनुका घर पर हो गइल. ऊ 82 बरीस के रहलन आ उनुकर छह गो बेटी आ एगो बेटा बाड़ें. राप्ती नदी का किनारे उनुका के मुखाग्नि दीहल गइल. पान्डेयजी गोरखपुर विश्वविद्यालय से राजनीति शास्त्र में परास्नातक रहलें आ डा. राम मनोहर लोहिया के प्रभाव में आके साल 1962 में सोशलिस्ट गोल में शामिल हो गइल रहलें.
भदोही में सड़क हादसा में छात्रा के मौत
भदोही, 16 मार्च (वार्ता). भदोही में ज्ञानपुर कोतवाली इलाका के सम्हई भटानी गांव का लगे एगो टेम्पो पलटला से ओह पर सवार हो के घरे आवत आईटीआई कालेज पिपरीस के छात्रा मधु आ अर्चना घवाहिल हो गइल लोग. कोईरौना इलाका के भिखीपुर के रवीन्द्र मिश्रा के एह दुनु बेटियन के ज्ञानपुर जिला चिकित्सालय ले आवल गइल जहाँ से वाराणसी रेफर हो के जाए का राहे में मधु के मौत हो गइल.
किसानी के नया तकनीक सिखावे ला प्रदर्शनी शुरू
गोरखपुर 16 मार्च (वार्ता). शुक का दिने मण्डलायुक्त अनिल कुमार गोरखनाथ मंदिर परिसर में एगो किसान प्रदर्शनी के उद्घाटन कइलन जवना में किसानन के खेती के नया तकनीकी जानकारी दीहल जा रहल बा. एह तकनीकन के अपनवला से कम लागत में अधिका उपज हो सकी आ खेलिहरन के आमदनी बढ़ जाई.
देवरिया में दिन दहाड़े भाजपा नेता के भतीजा के गोली मारके हत्या
देवरिया, 16 मार्च (वार्ता). देवरिया शहर कोतवाली इलाका में शुक का दिने बेखौफ बदमाश अहिल्यापुर के रहैे वाला भाजपा नेता पप्पू मिश्रा के भतीजा अमित मिश्रा (31) के गोली मारके हत्या कर दिहले सँ. ओह बेरा ऊ कार से पकड़ी बाजार जात रहुवन. गोली हरैया गांव का लगे मारल गइल. ओहिजा से एगो असलहो बरामद भइल बा.
176 total views, 1 views today