शी जिनपिंग चीन के राष्ट्रपति आ वांग क्यूशन उप राष्ट्रपति चुनइलें

बीजिंग 17 मार्च (रायटर). चीन के पार्लियामेंट आजु सभका एकमत राय से शी जिनपिंग के फेरु चीन के राष्ट्रपति आ एगो अउर बरियार नेता वांग क्यूशन के उप राष्ट्रपति चुन लिहलसि.

राजधानी बीजिंग के ग्रेट हॉल ऑफ द पीपुल्स में पत्रकारो लोग एह चुनाव के प्रत्यक्षदर्शी गवाह बनले. सदन सत्तारूढ़ कम्युनिस्ट पार्टी के प्रतिनिधियन से भरल रहुवे.
एहसे पहिले अतवार का दिने चीन के पार्लियामेंट संविधान में संशोधन क के राष्ट्रपति के कार्यकाल के सीमा खतम कर चुकल रहे.

वांग क्यूशन पहिलहीं से चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग के महत्वपूर्ण सहयोगी रहत आइल बाड़ें आ उनुकरो चुनाइल पहिले से तय मानल जात रहुवे. उपराष्ट्रपति चुनइला का बाद वांग क्यूशन जिनपिंग से हाथ मिलवलें. उनुका चुनाव में पक्ष में 2970 भोट आ विरोध में महज एगो भोट पड़्ल.