नयी दिल्ली 18 मार्च (वार्ता). अगिला आम चुनाव में जीते के हुंकार भरत कांग्रेस के कहना बा कि ई दू गो विचारधारन के लड़ाई बा आ ऊ अपना जइसन विचार राखे वाला गोलन के साथे ले के भाजपा के सत्ता से उखाड फेंकी.
आजु पूरा भइल कांग्रेस के तीन दिन के महाधिवेशन में मोदी सरकार पर अर्थव्यवस्था के तबाह करे,लोग के भावना से खेले आ समाज के बांटे के आरोप लगावत कहल गइल कि मोदी सरकार भितरी आ बाहरी सुरक्षा के चुनौतियन से निपटे में पूरा तरह से असफल भइल बिया. चुनाव जीते ला लोगन से कइल गइल भाजपा आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के वादा सत्ता में आवे ला ‘ड्रामेबाजी’ रहुवे. किसानन आ बेरोजगारन से कइल वादा महज जुमला बनि के रहि गइल.
महाधिवेशन में पारित राजनीतिक प्रस्ताव में कांग्रेस भाजपा आ आरएसएस के हरावे ला समान विचारधारा वाला गोलन से होछ मिलाई आ एकरा ला साझा कार्यक्रम तइयार कइल जाई. राहुल गांधी कहलन कि भाजपा एक के बाद एक चुनाव हारत जा रहल बिया आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अब लागे लागल बा कि गुजरात विधानसभा चुनाव त केहु तरह निकल गइल बाकिस 2019 में फंस जाएब.
कांग्रेस के अध्यक्षा रहल सोनिया गांधी कहली कि गुजरात चुनाव आ लोकसभा के कुछ सीटन के उपचुनाव में ई साबित हो गइल कि जे लोग कांग्रेस के अस्तित्व मिटावल चाहत बा उनुका ई अंदाजा नइखे कि लोग के कांग्रेस से कतना गहिरा लगाव बा.
84वां महाधिवेशन में पारित आर्थिक प्रस्ताव में मोदी सरकार के आर्थिक नीतियन के कड़ा आलोचना करत कहल गइल बा कि नोटबंदी आ जीएसटी के गलत तरीका से लागू कइला का चलते देश के अर्थव्यवस्था तबाही ओर बावे आ आम जनता का जीयल मुश्किल हो गइल बा.
महाधिवेश में कृषि, रोजगार आ गरीबी उन्मूलन पर पारित प्रस्ताव में कहल गइल बा कि किसानन के कर्ज माफ कइल जाई, बटाईदारन के ब्याज मुक्त कर्जा दिहल जाई आ नवहियन आ औरतन ला रोजगार के अवसर बढ़ावल जाई.
विदेश नीति पर प्रस्ताव पारित क के कहल गइल बा कि मोदी सरकार के दोषभरल विदेश नीति का चलते दुनिया में भारत के छवि खराब भइल बा.
93 total views, 1 views today