web analytics

गांधी के समाधि पर फूल चढ़ा के देश के फूल बनावे का काम में लगलें


अन्ना हजारे के बेमियादी भूख हड़ताल
नयी दिल्ली, 23 मार्च. अपना के समाजसेवी कहे वाला आ सेना से भगोड़ा आ देश के अरविन्द केजरीवाल जइसन नेता देबे वाला अन्ना हजारे आजु फेरु दिल्ली के रामलीला मैदान में अपना भूख हड़ताल के लीला शुरु कइले बाड़न.
अनशन शुरू करे से पहिले अन्ना हजारे राजघाट जाके राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के समाधि पर फूल चढ़वले आ देश के फूल बनावे का काम में लाग गइलें. लालू आ केजरीवाल का खिलाफ कुछ कहे भा करे के ना त उनुका फुरसत बा ना मनसा. बस देश के मौदी मुक्त करे के सपना देखत ओह गिरोह के हिम्मत बढ़ावे मैं लाग गइल बाड़ें जवन नइखे चाहत कि मोदी एको दिन देश के सरकार चलावसु.
हालांकि पिछला बेर जइसन भीड़ उनुका आन्दोलन का साथे नइखे लउकत. सवाल उठावे वाला इहो सवाल उठावत बाड़ें कि आखिर उनुका चार्टर्ड हवाई जहाज आ एह आन्दोलन के खरचा कहाँ से जुटावल जात बा. कहीं अइसन त ना कि दर्जनों पत्रकारन के अपना तनखाह पर राखेवाला कैम्ब्रिज एनेलिटिका जइसन कवनो संस्था अन्नो के खरचा त नइखे उठावत.

 105 total views,  1 views today

%d bloggers like this: