web analytics

चुनावी होलिका में फेरू फुए जरली


उप्र से राज्यसभा ला भाजपा के नवो आ सपा के जया विजयी
लखनऊ 23 मार्च, उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के दस सीटन ला भइल चुनाव में भाजपा आपन नवो उमीदवारन के जीता ले गइल आ मायावती के उमीदवार हार गइलें.
दसवाँ सीट ला मायावती के बसपा के उमीदवार भीमराव अम्बेदकर सपा, कांग्रेस, आ रालोद के समर्थन का बावजूद हार गइलें काहें कि तीन गो विधायक क्रास वोटिंग कइलें आ जेल में बन्द दू जने के भोट डाले के इजाजते ना मिलल.
केन्द्रीय वित्तमंत्री अरुण जेटली समेत भारतीय जनता पार्टी के सगरी उमीदवार – अनिल जैन, डॉ अशोक बाजपेयी, सकलदीप राजभर, कांता कर्दम, विजयपाल सिंह तोमर, जीवीएल नरसिम्हा, अउऱ हरनाथ सिंह यादव का साथही अनिल अग्रवालो – आजु निर्वाचित घोषित क दीहल गइलें. सपा के उमीदवार जया बच्चनो जीत गइली बाकिर गठबन्हन का बावजूद माया के जीत के गठरी खुलत खुलत रहि गइल.
भोट गिनाए से पहिले सपा आ बसपा आपन शिकायत दाखिल कइलें जवना चलते गिनिती के काम दू घंटा देर से शुरु हो सकल. चुनाव आयोग एह लोग के आपत्ति के माने जोग ना मनलसि आ खारिज क दिहलसि.
बाकी राज्यन में भइल चुनावन में छत्तीसगढ़ से भाजपा के सरोज पाण्डेय कांग्रेस के लेखराम साहू के 14 भोट से हरवली. एहिजा अमित जोगी, आ कांग्रेस के आर.के.राय अउर सियाराम कौशिक भोट ना डललें. भाजपा के दू गो अधिका भोट मिलल बा.
पश्चिम बंगाल से कांग्रेस के अभिषेक मनु सिंघवी आ तृणमूल के चार गो उमीदवार जीतलें. बँवारा गोल के रबिन देव हार गइलें. अभिषेक मनु सिंघवी के 47 भोट मिलल जबकि कांग्रेस का लगे महज 32 विधायक रहलें. तृणमूल कांग्रेस के सुभाशीष चक्रवर्ती के 54 भोट, नदीमुल हक, अबीर विश्वास, आ डा. शांतनु सेन के 52-52 भोट मिलल. माकपा के रबिन देव के 30 भोट मिलल आ ऊ हार गइलें.
झारखंड से राज्यसभा के एक एक सीट पर भाजपा के समीर उरांव आ कांग्रेस के धीरज साहू निर्वाचित घोषित भइल बाड़ें.

 110 total views,  1 views today

%d bloggers like this: