भगत सिंह, राजगुरु आ सुखदेव के 87 वाँ शहीदी दिवस मनावल गइल
जौनपुर, 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरांवा गांव में महान क्रांतिकारी शहीद-ए-आज़म भगत सिंह, राजगुरु, आ सुखदेव के 87 वां शहीदी दिवस शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकंन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता मनवलें. सभा में लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के अध्यक्ष मंजीत कौर प्रधानमन्त्री नरेंद्र मोदी से मांग कइली कि भगत सिंह के शहीद के दर्जा दिहल जाव.
जाली नोट संगे एक जने गिरफ्तार
बेतिया 23 मार्च (वार्ता) पश्चिम चंपारण जिला के नौतन इलाका से पुलिस 2000 रुपिया के तीस गो जाली नोट लिहले मझौलिया इलाका के एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा से मिलल जानकारी का बाद ओकरा अउरी साथियन के गिरफ्तारी ला छापा मारल जा रहल बा.
विद्यालय के दीवार ढहला से दबाइल छात्र के मौत
मऊ 23 मार्च (वार्ता). मऊ के कोपागंज इलाका के सहरोज में एगो प्राथमिक विद्यालय के बाहरी दीवार ढहला से ओकरा नीचे दबा के कक्षा सात के छात्र सुमित (07) के मौत हो गइल.
जौनपुर में निजी गोदाम से 500 बोरी सरकारी गेंहू बरामद
जौनपुर , 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर में पुलिस ई आपूर्ति विभाग के साझा टीम छापा मारके लाईन बाजार इलाका के विशेसरपुर गांव में एगो दुकानदार के गोदाम से 500 बोरी सरकारी गेंहू बरामद कइलसि.
ट्रक के चपेटा में एगो चिकित्सक के मौत
भदोही, 23 मार्च (वार्ता). भदोही शहर कोतवाली इलाका में शुक का दिने एगो ट्रक के धक्का से मोटरसाइकिल से जात औराई के उचेठा गांव के डॉ श्रीनारायण सिंह (55) के मौत हो गइल आ पीछे बइठल उनुकर पत्नी घवाहिल हो गइली. हादसा का बाद ट्रक चालक फरार हो गउवे.
धमकी देके कुकर्म करे के मामिला दर्ज
जौनपुर , 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के कोतवाली में लाइन बाजार इलाका में राज्य सेतु निगम के एगो कर्मचारी प्रशान्त दूबे का खिलाफ बलात्कार, जान से मार डाले के धमकी देबे आ गाली-गलौज करे के मुकदमा दर्ज भइल बा. पीड़िता के कहना बा कि प्रशानत दुबे ओकर सहपाठी रहल आ उनुका से शादि कइल चाहत रहुवे बाकिर माई तइयार ना भइल. एक दिन ऊ भेंट करे ला किला रोड के एगो इंस्टीट्यूट में बोलवलसि. ओकरा से बात करत का बीतही इंस्टीट्यूट के संचालक नरसिह बाहर से दरवाजा बंद क दिहलसि आ ओकरा बाद प्रशान्त छूरा का नोंक पर ओकरा से बलात्कार कइलसि आ वीडियो बना लिहलसि. एकरा बाद से लगातार धमकी देत बा.
बीएचयू के रिटायर्ड महिला प्रोफेसर अपना घर में मरल मिलली
वाराणसी, 23 मार्च (वार्ता). वाराणसी के हैदराबाद गेट इलाका के अपना घर में काशी हिंदू विश्वविद्यालय के 65 बरीस के रिटायर्ड प्रोफेसर रंजना मिश्रा के मौत का बाद सनसनी पसरल बा. ऊ बिन बिआहल रहली आ अकेलहीं रहल रही.
खड़ा डम्पर से मोटरसाइकिल टकराइल आ सवार के मौत
जौनपुर, 22 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरपतहां इलाका में एगो खड़ा डम्फर में टकरइला का चलते ईशापुर गांव के अमरेंद्र सिंह (40) के मौत हो गइल आ उनुका साथे जात खुटहन इलाका के भटपुरा के वरुण निषाद (36) घवाहिल हो गइलें. हादसा लखनऊ-बलिया मार्ग पर खानपुर चौरवा गांव का लगे भइल.
तस्करी के शराब समेत पांच जने गिरफ्तार
कुशीनगर 22 मार्च (वार्ता). कुशीनगर के पटहेरवा इलाका से शराब के तस्करी करे वाला पांच गो कारोबारियन के गिरफ्तार क के ओकनी का लगे से 115 पेटी शराब बरामद कइलसि पुलिस. एहनी का लगे से दू गो तमंचा, कारतूस, सात गो मोबाईल आ नगदिओ बरामद भइल बा.
अलग-अलग हादसन में दू जने के मौत
बेतिया 22 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के मझौलिया इलाका में बेतिया -मोतिहारी मार्ग पर माधोपुर चौक का लगे ट्रक आ मोटरसाइकिल के टक्कर में राजकुमार (23) के ओहिजे मौत हो गइल.
दोसरा घटना में ठनका गिरला से परसा कवौआ टोला के हरेन्द्र ठाकुर (45) के मौत हो गइल.
ट्रेन का आगे कूदिके एगो लड़िकी जान दिहलसि
गाजीपुर 22 मार्च (वार्ता). गाजीपुर के जीआरपी दिलदारगनर इलाका में जमानियां टीसन का लगे बरुईन गांव में बियफे का सबेरे योगेन्द्र राम के बेटी सरिता(16) ट्रेन का आगे कूदि के जान दे दिहलसि. कारण पता नइखे चलल.
नाबालिग के साथे दुष्कर्म के कोशिश करे में दु जने गिरफ्तार
बेतिया 22 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के मुफस्सिल थाना के बेलदारी गांव के एगो नाबालिग से दुष्कर्म करे के कोशिश कइला का आरोप में ओही गाँव के अल्ताफ अंसारी आ दिलशाद आलम के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस.
ट्रक का धक्का से मोटरसाइकिल पर जात महिला के मौत
ग़ाज़ीपुर 22 मार्च (वार्ता). गाजीपुर के सैदपुर कोतवाली इलाका में ट्रक से धक्का लगला का बाद अपना भतीजा का साथ मोटरसाइकिल पर पीछए बइठ के जात परसनी गांव के बिंदु देवी (35) नीचे गिर गइली आ ट्रक उनुका के बीस मीटर ले घसीट लिहलसि आ ओहिजे उनुकर मौत हो गइल.
181 total views, 1 views today