Go to ...
RSS Feed

बाप के बिआह से नाराज बेटा मयभा महतारी के जियते जरा दिहलसि


(प्रतीक फोटो)


सोनभद्र 28 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के दुद्धी इलाका में अपना बाप के दोसर बिआह से नाराज बेटा मयभा महतारी के जियते जरा दिहलसि.
पुलिस से पता चलल कि नगवां गांव के रामविशुन अपना मेहरारू आ छह गो बचवन के दरकिनार करत परसाल 26 जुलाई के गांवे में रहत एगो औरत देवकुमारी से शादी रचा लिहलसि. एह बिआह से परिवार वाले नाराज हो गइलें. दूसरकी शादी का बाद रामविशुन अक्सर बाहरे रहे लागल आ जब घरे अइबो करे त घरवालन से लड़ाई झगड़ा करत रहुवे. ऊ अोए दिन धमकावत रहुवे कि आधा संपति अपना नयकी मेहरारू के दे दी.
ओकर बेटा सब ओकरा से दोसरकी बीबी छोड़े के कहत रहले सँ बाकिर ऊ सुनत ला रहुवे. एह मसला पर कई बेर गाँव में पंचायतो बइठल बाकिर कवनो फायदा ना भइल. मंगल का रात रामविशुन के बेटा राजेश कुमार पहिले त अपना मयभा सहतारी देवकुमारी के पकड़ के लाठी डंडा से भरहीक पिटलसि आ फेर ओकरा के कान्हि पर लाद के कनहर नदी किनारे ले गइल आ पेट्रोल छिड़िक के ओकरा के जियते जरा दिहलसि.
पुलिस जरल लाश के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि आ राजेश के जोहत बिया.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: