आजमगढ़ 29 मार्च (वार्ता). रंगमंच के अभिनय के बारीकि समुझावे के एगो मजगर माध्यम करार देत बालीवुड अभिनेता गोविंद नामदेव कहलन कि रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में कबो असफल होइए ना सके.
नामदेव आजु एहिजा पत्रकारन से बतियावे में कहलन कि थिएटर अभ्यास के माध्यम ह. कलाकार जतने अधिका अभ्यास करी ओतने निखरत जाई. कलाकार अभ्यास का दौरान हर दिन नया सीखेला आ अभ्यास से ऊ अतना मजबूत हो जाला कि ओकरा जड़ के कबो केहु हिला ना पावे.
फिल्मफेयर में सर्वश्रेष्ठ खलनायक के अवार्ड से सम्मानित नामदेव बतवलन कि सागर से दिल्ली चहुंपला का बाद ऊ एनएसडी से जुड़ालन आ फेरु एक दशक से अधिका समय रंगमंच के दुनिया में अपना के तरशलन. रंगमंच से जुड़ल कलाकार के फिलिमन में सफलता के उदाहरण गिनावत नामदेव नाना पाटेकर, नवाजुद्दीन सिद्दीकी, ओमपुरी, नसरुद्दीन शाह, मनोज बाजपेई आ खुद आपनो नाम गिनवलन.
कहलन कि – सिनेमा के दुनिया में गॉडफादर केहु के लोकप्रिय कलाकार ना बना सके. रउरा में टैलेंट बा त लोग पूछी, पसंद करी. टैलेंटे राउर गॉडफादर होला. केहु के टैलेंट के केहु लुकवा ना सके आ ऊ भिड़ो में अलगा लउक जाई. अपना ऊपर विश्वासे करि के दिल्ली गइल रहीं आ आजु रउरा सोझा बानी.
भोजपुरी फिलिमन में परोसल जात फूहड़पन पर नाराजगी जतावत नामदेव कहलन कि भोजपुरी बहुते मीठ भाषा ह. भोजपुरी फिल्मो लगातार बनत बाड़ी सँ बाकिर कुछ के छओड़ दिआव त बाकी के ओकरा फूहड़पन का चलते परिवार का साथे ना देखल जा सके. आइटम सॉन्ग से फिलिम दर्शकन के थोड़ देर ला लुभा त सकेले बाकिर हिच ना करा सके.
फिल्मी हस्ती नामदेव कहलन कि – रियलीटी शो समाज में पहचान बनावे के नीकहा जरिया बन चुकल बा. समाज में लुकाइल प्रतिभा के रियलिटी शो सामने ले आइल बा. बहुते कलाकार गांव देहात से निकल के आजु टीवी आ फिल्मी दुनिया में बढ़िया काम कर रहल बाड़ें. सरकारो सब अब फिलिम प्रोडक्शन के प्रोत्साहन देबे लागल बाड़ी सँ.
आजमगढ़ के कलाकारन के तारीफ करत नामदेव कहलन कि कला आ अभिनय के क्षेत्र में आजमगढ़ के पहचान केहु से कम नइखे. रंगमंच से जुड़ल कलाकारो एह जिला के एगो अलगे पहचान दिअवले बाड़न. देश के बड़का मंचन पर आजमगढ़ के कलाकार बहुतेरन के पीछे छोड़ दिहले बाड़ें.
गोविन्द नामदेव सूत्रधार संस्थान के आयोजन 13 वां रंग महोत्सव आरंगम में शामिल होखे आजमगढ़ आइल रहलन.
एह मौका पर पूर्वांचल विश्वविद्यालय जौनपुर के पत्रकारिता विभाग के शिक्षक डॉक्टर दिग्विजय सिंह राठौर बॉलीवुड कलाकार गोविंद नामदेव के योगदान के चरचा कइलन. रंगकर्मी अभिषेक पंडित आ ममता पंडित समेत तमाम जिलन के कलाकार मौजूद रहलें एह मौका पर.
104 total views, 1 views today