web analytics

कुशीनगर में फंदा से लटकल मिलल गर्भवती महिला के लाश

(प्रतीक फोटो)

कुशीनगर 29 मार्च (वार्ता). कुशीनगर के खड्डा इलाका में संदिग्ध हालात में एगो गर्भवती महिला के लाश फंदा से लटकल मिलल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि शाहपुर नौका टोला के भीखन के इकलौता बेटा संतोष के बिआह महराजगंज के घुघली इलाका के चैनपुर गाँव के रमाशंकर के बेटी अम्बा से दू बरीस पहिले भइल रहुवे.
शादी का बाद एक बरीस ले त सबकुछ ठीकठाक लागल बाकिर एनो कई महीने से दुनु में कवनो बाति ले के अनबन चलत रहुवे. दू दिन पहिले संतोष के पिता भीखन महराजगंज के सिसवा बाजार के खेरसारी टोला में अपना पुरनका घरे गइल रहलें आ एहिजा उनुकर पत्नी सोनपती, बहू अंबा, आ बेटा संतोष रहलें.
बुध का साँझो कवनो बाति लेके मरद मेहरारू में झगड़ा हो गउवे. एकरा कुछ देर बाद लोग देखल कि झोपड़ी के बांस में अंबा के लाश ओकरा दुपट्टा से लटकल रहुवे.
जानकारी मिलला पर पुलिस चहुँपल आ लाश कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेजववलसि आ मरेवाली के मरद आ ससुर के गिरफ्तार कर लिहलसि.
अम्बा के नइहर वालन के कहना बा कि दहेज खातिर लोग ओकरा बेटी के मार दिहले बा.

 88 total views,  1 views today

%d bloggers like this: