web analytics

मिर्जापुर में सड़क हादसा, एगो महिला के मौत

(प्रतीक फोटो)

मिर्जापुर, 30 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के अहरौरा इलाका में आजु एगो ऑटो आ डम्पर के टक्कर में एगो औरत के मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
पुलिस से पता चलल बा कि मुजाडीह के बलवन्त के परिवार आ नाता-रिश्तेदार गांव से एगो ऑटो में सवार होके कवनो समारोह में शामिल होखे चकिया जात रहलें. एही बीच पियरवा पोखरा का लगे ऑटो अचके में बेकाबू होके एगो डम्पर से टकरा गइल.
एह हादसा में रामसागर के पत्नी नन्दिनी के ओहिजे मौत हो गइल आ छह जना घवाहिल हो गइलें.
घविहलन के इलाज खातिर वाराणसी ट्रामा सेन्टर रेफर कइल गइल बा.

 71 total views,  1 views today

%d bloggers like this: