web analytics

सात गो गाड़ी चोरन के धइलसि बलिया पुलिस

(प्रतीक फोटो)

बलिया 30 मार्च (वार्ता). बलिया पुलिस आजु एगो अंतरराज्यीय वाहन चोर गिरोह के भंडाफोड़ करत सात गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से 18 गो चोरावल मोटरसाइकिल मिलल बा.
पुलिस अधीक्षक एस पी गांगुली बतवलें कि शहर कोतवाली पुलिस आ स्वाट टीम साथे मिलके पिपरा माफी चौराहा से गाड़ी चोर गिरोह के चार गो सदस्यन के गिरफ्तार क के ओकनी का कब्जा से चार गो मोटरसाइकिल बरामद कइलसि.
फेर एह पकड़ाइल चोरन का निशानदेही पर हल्दी इलाका से आठ गो चोरावल मोटरसाइकिल आ बैरिया इलाका से छह गो चारावल मोटरसाइकिल बरामद कइलसि आ तीन गो अउरी गाड़ीचोरन के गिरफ्तार क लिहलसि.
ई धराइल चोर मऊ, आजमगढ़, बलिया, आ बिहार से गाड़ी चोरावल रहले सँ आ फर्जी कागजात बनाके बेच देत रहले सँ. धराइल चोरन के नाम आनंद कुमार सिंह, अमन कुमार यादव, कमलेश यादव, विकास यादव, अरविन्द कुमार गुप्ता, अमित कुमार सिंह, आ राकी कुमार हवे. एह सभनी के जोल भेज दीहल गइल बा.

 133 total views,  1 views today

%d bloggers like this: