Go to ...
RSS Feed

Archives for March 2018

जीएसएलवी-एफ08 रॉकेट के सफल प्रक्षेपण

चेन्नई 29 मार्च (वार्ता). भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) आजु तमिलनाडु के श्रीहरिकोटा अंतरिक्ष केंद्र से 2140 किलोग्राम वजन वाला एस बैंड संचार उपग्रह जीसैट-6ए लेके जात जीएसएलवी -एफ08 रॉकेट के सफल प्रक्षेपण कइलसि. 49.1 मीटर लमहर आ 415.6 टन वजन के ई रॉकेट 27 घंटा के उल्टी गिनती का बाद 1656 बजे सफलतापूर्वक उड़ान

रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में असफल होइए ना सके : गोविंद नामदेव

आजमगढ़ 29 मार्च (वार्ता). रंगमंच के अभिनय के बारीकि समुझावे के एगो मजगर माध्यम करार देत बालीवुड अभिनेता गोविंद नामदेव कहलन कि रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में कबो असफल होइए ना सके. नामदेव आजु एहिजा पत्रकारन से बतियावे में कहलन कि थिएटर अभ्यास के माध्यम ह. कलाकार जतने अधिका अभ्यास करी ओतने निखरत जाई.

बाप के बिआह से नाराज बेटा मयभा महतारी के जियते जरा दिहलसि

सोनभद्र 28 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के दुद्धी इलाका में अपना बाप के दोसर बिआह से नाराज बेटा मयभा महतारी के जियते जरा दिहलसि. पुलिस से पता चलल कि नगवां गांव के रामविशुन अपना मेहरारू आ छह गो बचवन के दरकिनार करत परसाल 26 जुलाई के गांवे में रहत एगो औरत देवकुमारी से शादी रचा लिहलसि.

बैंक के कलेक्शन एजेंट से 28 लाख रुपिया लुटाइल

आरा 28 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के गजराजगंज इलाका में बुध के दिनदहाड़े आईसीआईसीआई बैंक के कलेक्शन एजेंट से 28 लाख रुपिया लूट लिहले सँ अपराधी. पुलिस सूत्र बतवलें कि आईसीआईसीआई बैंक के कलेक्शन एजेंट रूपेश कुमार रुपियन के वसूली क के मोटरसाइकिल से आरा शहर आवत रहुवे. एही बीच बिहिया-कटेया मार्ग पर बरगही मोड़

दहेज खातिर पत्नी के हत्या

बेतिया , 28 मार्च (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला के चनपटिया इलाका के झखरा गांव में दहेज के मांग लेके एगो औरत के हत्या क दीहल गइल. पुलिस सूत्र बतवलें कि झखरा गांव के विभू साह के बिआह चार बरीस पहिले अंतिमा (28) का संगे भइल रहुवे आ ओकरा बादे से ससुराल वाले अंतिमा के प्रताड़ित

कार आ ट्रक में टक्कर से एगो बाराती मरल

आरा 28 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के बिहिंया इलाका के खरौनी गांव का लगे एगो कार आ ट्रक के बीच भइल टक्कर में एगो बाराती के मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि कार पर सवार लोग उत्तर प्रदेश के दिलदार नगर में एगो बारात में शामिल होखला

तीन गो लूटेरन पर गैंगेस्टर आ एगो मासूम के मौत

जौनपुर,28 मार्च (वार्ता). जौनपुर के केराकत कोतवाली इलाका में लूट के वारदात करे वाला तीन गो आरोपियन का खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत कार्रवाई कइल गइल बा. पुलिस अधीक्षक के के चौधरी बतवलें कि लूट के तीन गो आरोपियन – आनन्द सिंह, जुगनू सिंह, अउर शुभम – का खिलाफ गैंगेस्टर एक्ट लगावल गइल बा. जिलाधिकारी

विधानसभा में भोट गिनाइल रहीत त शायद सरकार गिर जाइत – राजद

पटना 28 मार्च (वार्ता). राष्ट्रीय जनता दल के कहना बा कि अगर मंगल का दिने विधानसभा में बिहार विनियोग विधेयक पर भोट गिने के उनुकर माँग माल लीहल जाइत त ओह समय बहुमत ना रहला का चलते नीतीश सरकार गिर जाइत. राजद के ललित यादव विधानसभा में प्रश्नकाल शुरू होखे से पहिले कहलन कि सोमार

विधानो परिषद में पारित हो गइल यूपीकोका

लखनऊ, 28 मार्च (वार्ता). संगठित अपराध पर नकेल कसे खातिर बनावल कानून ले आवे वाला उत्तर प्रदेश संगठित अपराध निरोधक विधेयक (यूपीकोका) आजु विधानो परिषद में पारित हो गइल. दूनू सदन से पारित हो गइल एह विधेयक के अब राज्यपाल रामनाईक के लगे मंजूरी ला भेजल जाई. परिषद में एकरा अलावा आजु वित्तीय वर्ष 2018-19

जम्मू में चार गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल

जम्मू 28 मार्च (वार्ता). जम्मू-कश्मीर में राजौरी जिला के सुंदरबनी इलाका में आजु सुरक्षा बल आ आंतकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल. पुलिस सूत्र बतवलें कि एहनी के देखते सेना आ अर्धसैनिक बल के जवान पूरा इलाका घेर लिहलें. घेरइला का बाद पहिले आतंकवादी तलाशी दल पर छह

नामी कुकुर अपना मालिके का बिछवना पर मूतेला

नयी दिल्ली 28 मार्च. मोदी विरोधी गिरोह बनावे में लागल हिन्दू विरोधी तृणमूल कांग्रेस प्रमुख आ दंगा में जरत पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आजु दिल्ली में भाजपा के मुँहफुलवन का साथे बातचीत कइली. एह बातचीत में अपना के खास माने आ बूझे वाला यशवंत सिन्हा, शत्रुघ्न सिन्हा, आ अरूण शौरी शामिल भइलें. दिल्ली

गोण्डा पुलिस असलहा फैक्ट्री के पर्दाफाश कइलसि

गोण्डा 27 मार्च (वार्ता). गोण्डा पुलिस मंगल का दिने देहात कोतवाली इलाका से एगो असलहा फैक्ट्रे के भंडाफोड़ करत दू गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते असलहा, कारतूस, आ हथियार बनावे के सामानो धराइल बा. पुलिस अधीक्षक लल्लन सिंह बतवलें कि कोतवाली देहात इलाका में पुलिस छापामार के अवैध हथियार

सड़क हादसा में विधायक रह चुकल डॉक्टर के मौत

छपरा 27 मार्च (वार्ता). सारण जिला के मशरख से कांग्रेस के विधायक रह चुकल डाक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह के मंगल का दिने सड़क हादसा में मौत हो गइल. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि विधायक रह चुकल डॉ सिंह कवनो निजी काम से पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी गइल रहलें आ ओहिजे से बोलेरो से लवटत

आग लगला से दस से अधिका घर जरल

बेतिया 27 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के नरकटियागंज प्रखण्ड के राजपुर तुमकड़िया पंचायत के सोनासती गांव में मंगल का दिने बिजली से लागल आगि में एक दर्जन से अधिका घर जर गइल. पुलिस के कहना बा कि शिकारपुर थाना के सोनसती गांव में दुपहरिया में बिजली से लागल आगि में लाखों के सम्पति जर

बीआरडी मेडिकल कालेज के पुरनका प्राचार्य लखनऊ भेजइलें

गोरखपुर 27 मार्च (वार्ता). गोरखपुर जिला जेल में बंद बाबा राघवदास मेडिकल कालेज के प्राचार्य रहल डा. राजीव मिश्र के उनुका हृदय रोग के जांच आ इलाज खातिर लखनऊ के डॉ राम मनोहर लोहिया इंस्टीटयूट आफ मेडिकल साइसेंस भेजल गइल बा. आधिकारिक सूत्र से पता चलल बा कि बाबा राघव दास मेडिकल कालेज के मेडिसिन

गोरखपुर मण्डल में पूर्वाचल बैंक के हड़ताल से लेन देन पर असर

देवरिया, 27 मार्च (वार्ता). गोरखपुर मण्डल में पूर्वांचल बैंक के हड़ताल का दुसरका दिने एक करोड़ रूपिया से बेसी के लेन देन पर असर पड़ल. ग्रामीण बैंक आफिसर्स एसोसिएशन के बैनर तर बैंक कर्मी तीन दिन के हड़ताल पर बाड़ें. एसोसिएशन के महामंत्री सुरेश चंद्र श्रीवास्तव ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि गोरखपुर मण्डल के देवरिया, गोरखपुर,

बदमिजाज आशिक अपना माशूका के गोली मरलसि

देवरिया, 27 मार्च (वार्ता). देवरिया के बरहज इलाका में एगो बदमिजाज आशिक अपना एक तरफा प्यार में पगला के अपना माशूका के गोली मार दिहलसि. पुलिस से पता चलल कि ऊ नवहिल अपना महतारी साथे सोमार का साँझे मंदिर से दर्शन क के घरे लवटत रहत जब पुराना बरहज वार्ड में रहे वाला मानवेन्द्र जायसवाल

मिर्जापुर में ट्रैक्टर का धक्का से नवही के मौत

मिर्जापुर, 27 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के देहात कोतवाली इलाका में ट्रैक्टर का धक्का से साइकिल सवार नवही के मौत हो गइल. पुलिस बतवलसि कि सेमरा गांव के पिन्टू (30) भट्ठा पर ड्राइवरी करत रहुवे. सबेरे जब ऊ साइकिल से भट्ठा पर जात रहल तबे जमुनहिया गांव का लगे एगो तेज रफ्तार ट्रैक्टर ओकरा साइकिल के

बिना फाटक वाला क्रॉसिंग बंद भइला से नाराज लोग ट्रेन रोकलें

मऊ,27 मार्च (वार्ता). मऊ के मोहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका में मऊ-शाहगंज रेलखंड पर एगो क्रॉसिंग बंद भइला से नाराज गाँववाला लोग रेलवे पटरी पर प्रदर्शन क के विरोध जतावल. एह बीच दू गो रेलगाड़ी रुकल रहली सँ. रेलवे सुरक्षा बल एह मामिला में विधायक रहल बैजनाथ पासवान समेत अढ़ाई सौ लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज

झोपड़ी में आगि लागल, तीन गो बच्चा जर मरलें

सोनभद्र, 27 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के रार्बट्सगंज कोतवाली इलाका में संदिग्ध हालात में एगो झोपड़ी में आगि लगला से ओहमें सूतल तीन गो बचवन के जरला से मौत हो गइल. महतारी आ एगो बच्ची बाच गइल बाड़ी. बतावल जात बा कि तेंदू गांव निवासी नवी के पत्नी सहाना काल्हु राति चूल्हा पर दूध गरम कइला

Older Posts›› ‹‹Newer Posts