Go to ...
RSS Feed

Archives for April 2018

चोर मचाए हल्ला – कहलसि कि अपना मर्जी से चली

नयी दिल्ली, 30 अप्रैल. चारा घोटाला में जेल के सजा भुगतत लालू प्रसाद के एम्स के सेवा अतना नीक लागल बा कि ऊ अस्पताल छोड़े के नइखन चाहत. अस्पताल के कहना बा कि लालू प्रसाद के तबियत में सुधार हो गइल बा आ अब ऊ राँची का अस्पताल में आगे के इलाज करा सकेलें. बाकिर

भोजपुरी सिनेमा के चउथका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मलेशिया में

भोजपुरी सिनेमा के अकेला इंटरनेशनल फिल्म फेस्टीवल अबकी मलेशिया में 21 जुलाई 2018 के होखे जा रहल बा. एह अवार्ड समारोह के जानकारी देत यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा बतवलें कि एह अवार्ड समारोह में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी, हिन्दी फिल्मों के सुनील शेट्टी, भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन, दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, विनय

आयुष्मान भारत कार्यक्रम सफल करे में आईएमए सहयोग करे – योगी

गोरखपुर, 30 अप्रैल (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ इंडियन मेडिकल एसोसिएशन से आशा जतवले बाड़ें कि ऊ देश के ‘आयुष्मान भारत’ कार्यक्रम के सफल बनावे ला पूरा सहयोग करी. गोरखपुर में आईएमए के एगो कार्यक्रम में अपना संबोधन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि राज्य सरकार आ आईएमए समन्वय बनावे त आम जनता

आन्ही पानी बनौरी से बहुते नुकसान, गरमी से राहतो मिलल

बलिया, गोरखपुर, पटना, 30 अप्रैल. बिहार आ पूर्वांचल में काल्हु रात आइल आन्ही पानी से दर्जनो लोग के मौत हो गइल आ नाहियो त तीन दर्जन लोग के घवाहिलो होखे के खबर बा. सबले बेसी नुकसान कोसी, मिथिलांचल आ सीमांचल के इलाकन में भइल बा. कई जगहा बनौरिओ गिरे के खबर बा त कहीं ठनका

सेनानी एक्सप्रेस में सोनपुर का लगे डकैती

पटना, 26 अप्रैल. नयी दिल्ली से जयनगर जात स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे डकैती पड़ल. बतावल जात बा कि कुछ हथिारबंद लुटेरा सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे सवारियन से जम के लूटपाट कइलें आ जे विरोध कइल ओकरा से मारो पीट क के घवाहिल कर दिहले

आईबी का छापा में सिवान में फर्जी फोन एकसचेंज धराइल

सिवान, 26 अप्रैल. बुध का देर राति सिवान के बबुनिया मोड़ का एगो दुकान पर छापा मारि के आईबी आ सिवान पुलिस एगो फर्जी फोन एक्सचेंज के भंडाफोड़ कइलें आ एकरा के चलावे वाला मुमताज खान के गिरफ्तार कर लिहलें. सिवान के बसंतपुर इलाका के सैदपुरा के एमएम कॉलोनी में भाड़ा पर रहे वाला मुमताज

लालू खानदान के कंपनी के साढ़े तीन करोड़ के बेनामी संपति जब्त

पटना, 26 अप्रैल. बियफे का दिने इन्कम टैक्स विभाग पटना में छापा मार के फेयर ग्रौ होल्डिंग प्राइवेट लिमिटेड के 3 करोड़ 67 लाख के संपति जब्त क लिहलसि. एह कंपनी से लालू खानदान के चार बेकत के नाम जुड़ल रहल बा. अब आयकर विभाग चारा घोटाले में जेल के सजा काटत लालू प्रसाद के

इंदु मल्होत्रा सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश पद के किरिया धइली

नयी दिल्ली 27 अप्रैल. देश के विरोधी गोलन के ना चहला का बावजूद वरिष्ठ अधिवक्ता इंदु मल्होत्रा आजु देश के सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश के तौर पर किरिया ले लिहली. मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा उनुका के पद आ गोपनीयता के किरिया धरवलें. एकरा साथही माथ अदालत में न्यायाधीशन के कुल संख्या 25 हो गइल. सुप्रीम

किम जोंग उन अउर मून जाई इन हाथ में हाथ धर के बतिवलें

सिओल, 27 अप्रैल (रायटर). उत्तर कोरिया आ दक्षिण कोरिया के माथ नेता दसि.न बरीस बाद आजु पहिला बेर एक दोसरा के हाथ अपना हाथ में ले के बतियवलें. पर साल ले उत्तर कोरिया के प्रमुख किम जोंग उन आपन मिसाइल का दम पर दक्षिण कोरिया आ पड़ोसी देशन के डरवावत रहलें बाकिर आजु उनुकर हाव

कुशीनगर में स्कूल वाहन ट्रेन से टकराइल, चालक समेत 13 के मौत

कुशीनगर, 26 अप्रैल (वार्ता). कुशीनगर के बिशनपुरा इलाका में आजु सबेरे एगो स्कूल वाहन बिना फाटक वाला क्रासिंग पर ट्रेन से टकरा के फेंका गइल. एह हादसा में चालत समेत 13 बचवन के मौत हो गइल आ छह गो बच्चा बहुते घवाहिल हो गइलें जवना में से तीन गो के हालत नाजुक बतावल जात बा.

जौनपुर सड़क हादसा में बीमार बाप के मौत, बेटा घवाहिल

जौनपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर के खुटहन इलाका में आजु दू गो मोटरसाइकिलन के टक्कर में एक आदमी के जान चल गइल आ ओकर बेटा घवाहिल हो गइल. पुलिस के कहना बा कि सरायख्वाजा इलाका के जमीन बस्ती गांव के रामउजागिर अपना बीमार पिता बलजोर यादव के मोटरसाइकिल से दवा करावे खेतासराय जात रहुवे जब

इलाहाबाद में बोरा में बन्द लाश मिलला से सनसनी

इलाहाबाद, 25 अप्रैल (वार्ता). इलाहाबाद के हंड़िया कोतवाली इलाका में आजु एगो बोरा में बन्द लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. पुलिस से मालूम भइल कि सैदाबाद चौकी इलाका के महुआ चेरिया गाँव का लगे सड़क किनारे बोरा में बन्द लाश होखे के अनेसा से लोग पुलिस के खबर कइल. एकरा बाद पुलिस चहुँपल आ

कथावाचक आसाराम के उमिर कैद

जोधपुर 25 अप्रैल (वार्ता). राजस्थान में जोधपुर के अदालत गुरूकुल के नाबालिग शिष्या के यौनशोषण करे के दोषी कथा वाचक आसाराम के उमिर कैद आ एह कुकर्म में सहयोगी रहल उनुका दू गो सेवादारन के बीस बीस बरीस जेल के सजा सुना दिहलसि. अनुसूचित जाति अउर जनजाति अधिनियम अदालत के न्यायाधीश मधुसूदन शर्मा जेले में

गोरखपुर में बस आ ट्रक का टक्कर में दू जने के मौत, 24 जने घवाहिल

गोरखपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). कैम्पियरगंज इलाका के महावनखार का लगे एगो बस आ ट्रक का टक्कर से बस पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गउवे. पुलिस आजु बतवलसि कि काल्हु देर राति एगो निजी बस सिध्दार्थनगर से सवारी लेके गोरखपुर आवत रहुवे जब महावनखार का लगो गोरखपुर

पिक वैन पलटला का चलते चार गो बारातियन के मौत, नौ जने घवाहिल

छपरा 25 अप्रैल (वार्ता). दाउदपुर इलाका के बनवार रेल ढ़ाला का नियरा आजु बारातियन से भरल एगो पिकअप वैन पलटि गइल आ एह हादसा में एगो औरत समेत चार गो बारातियन के मौत हो गइल आ नौ जने बहुते घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि हाजीपुर से बारातियन के लेके वापिस लवटत एगो पिकअप

सुतवला का बाद रोटी त देला बॉलीवुड – कहली सरोज खान

मुंबई 25 अप्रैल. बॉलीवुड का बारे में हमेशा से कहल जाला कि एहिजा सिनेमा का चकाचौंध से अन्हरा के चहुँपल लोग के जम के शोषण होला. आ खाली हीरोइने बने के चाहत राखे वाली लड़िकियने के ना हीरो बने के तमन्ना ले के आइल चॉकलेटी लड़िको लोग के निर्माता निर्देशक लोग के बिस्तर गरम करे

आसाराम बापू के दौषी मनलसि अदालत

जोधपुर 25 अप्रैल (वार्ता). राजस्थान में जोधपुर के एगो अदालत आजु गुरूकुल के नाबालिग लड़िकी के यौन शोषण करे के आरोपी कथा वाचक आसाराम बापू आ उनुका दू गो सेवादारन के दोषी करार क दिहलसि. कड़ा सुरक्षा का बीच केन्द्रीय जेले में बनावल गइल अस्थायी अदालत में अनुसूचित जाति अउर जनजाति अधिनियम अदालत के न्यायाधीश

लौंडेबाजी का खिलाफ बनल धारा 377 पर केंद्र से जवाब मंगलसि सुप्रीम कोर्ट

नयी दिल्ली, 23 अप्रैल (वार्ता) समलैंगिक संबंधन, जइसे कि लौण्डेबाजी, के अपराध का दायरे से बाहर करावे खातिर लगावल एगो गोहार पर केंद्र सरकार से एक हफ्ता का भितर जवाब देबे के कहलसि सुप्रीम कोर्ट. एगो होटल व्यवसायी केशव सूरी के लगावल गोहार पर केंद्र सरकार के आजु मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा, न्यायमूर्ति ए एम

झूठ ना कहाला कि बूड़बक बुझावे से मरद

देश के विरोधी गोलन के दीहल महाभियोग प्रस्ताव कूड़ा का टोकरी में नयी दिल्ली 23 अप्रैल. राज्यसभा के सभापति एम. वेंकैया नायडू आजु सुप्रीम कोरेट के मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा का खिलाफ सात गो विरोधी गोलन के दीहल महाभियोग प्रस्ताव नोटिस के खारिज करत कहलन कि एह प्रस्ताव के देख के नइखे लागत कि न्यायमूर्ति

बच्चियन से कुकर्म करे वालन के फाँसी पर लटकावल जाई

नयी दिल्ली, 22 अप्रैल (वार्ता). 12 बरीस से कम उमिर के बच्चियन से रेप करे वालन के फाँसी पर लटकावे वाला कानून के मंजूरी दिहलें राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद. अध्यादेश के मंजूरी मिलते ई कानून लागू हो गइल बा आ साथही शुरु हो गइल बा लिबरल रुदाली. चर्च एह कानून का खिलाफ बा आ खिलाफ उहो

Older Posts››