रियाद 05 अप्रैल (रायटर). 35 बरीस ले सऊदी अरब में सिनेमा पर लागल रोक 18 अप्रैल से खतम होखे जा रहल बा. ओहू ले खास बाति ई होखी कि मरद मेहरारू साथे बइठ के सिनेमा देख सकीहें. राजधानी रियाद में सउदी अरब के पहिला सिनेमा घर 18 अप्रैल के खुले जा रहल बा.
सरकारी मीडिया ई जानकारी देत बतवले बा कि सऊदी अरब काल्हु एह बारे में एएमसी का साथे एगो समझौता कइले बा जवना मुताबिक अगिला पाँच साल में देश के 15 शहरन में 30 से 40 सिनेमा घर खोलल जाई. रुढ़िवादी देश में जहाँ बाकी सार्वजनिक जगहन पर मरद मेहरारू के एक साथे बइठला पर रोक बा ओहिजा सिनेमाघर में ऊ लोग साथे बइठ के सिनेमा के मजा ले सकेला.
सऊदी अरब पर साल दिसंबर में सिनेमाघरन पर लागल रोक हटा लिहले रहुवे बाकिर अब जा के कवनो सिनेमाघर खुले जा रहल बा. एह फैसला का पाछे सऊदी क्राउन प्रिंस मोहम्मद बिन सलमान के सामाजिक सुधार के मानल जा रहल बा. सऊदी अरब के संस्कृति आ सूचना मंत्री अव्वाद अल अव्वाद कहले रहलें कि – सिनेमाघर खुलला से आर्थिक विकास तोज होखी, विविधता आई आ एगो व्यापक सांस्कृतिक सेक्टर तइयार क के हमनी का रोजगार आ ट्रेनिंग के नया मौका पैदा करब जा. साथ ही एहसे सऊदी अरब में मनोरंजन के विकल्पो बरियार होखी.
सऊदी क्राउन प्रिंस के कहना बा कि ऊ सऊदी अरब के उदार इस्लाम ओर ले जाइल चाहत बाड़ें आ कट्टरपंथी इस्लामी प्रभाव के कम करे के कोशिश करत बाड़ें.
जान जाईं कि पर साल दिसंबरे में सऊदी अरब में औरतन के ड्राइविंग करे के इजाजत दे दीहल गइल रहुवे आ ओहू फैसला का पाछे क्राउन प्रिंस रहलें. कट्टरपंथी सिनेमा के सांस्कृतिक आ धार्मिक पहचान ला खतरा मानेलें आ एही चलते सऊदी अरब में सिनेमाघरन पर पाबंदी लगावल गइल रहुवे.
दरअसल सऊदी अरब तेल के दाम में आवत गिरावट से परेशान बा आ आमदनी के नया रास्ता हासिल कइल चाहत बा. अन्दाजा लगावल जात बा कि नया सिनेमाघरन के खुलला से देश के कई बिलियन डॉलर के आमदनी होखी.
104 total views, 1 views today