Go to ...
RSS Feed

बड़हन रैली क के आपन ताकत देखवलसि दुनिया के सबले बड़ राजनीतिक गोल



मुंबई, 06 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी अध्यक्ष अमित शाह अपना गोल भाजपा के 38वां स्थापना दिवस का मौका पर आजु शुक का दिने अगिला लोकसभा चुनाव के बिगुल फूंक दिहलें. पूरा महाराष्ट्र से जुटल कार्यकर्तन के बड़हन रैली के संबोधित करत अमित शाह कहलन कि 38 बरीस पहिले एह गोल के स्थापना मुंबई में अटल बिहारी वाजपेयी कइले रहनी आ ओह दिन उहाँ के कहले रहीं कि – “बादल छटींहे सँ, सूरज निकली आ कमल खिली.”
ओह दिन अटल जी जवन कहनी तवन आजु साँच लउकत बा. भाजपा के चुनाव चिह्न कमल आजु लगभग 20 राज्यन में खिल चुकल बा. अगिला लोकसभा चुनाव में हमनी के पश्चिम बंगाल आ कर्नाटक में जीत हासिल करे के बा अ राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के पूर्ण बहुमत का साथे सरकार बनावे के बा.
अमित शाह कहलें कि एक समय भाजपा के महज दू गो सांसद रहलें बाकिर आजु भाजपा के 330 गो सांसद बाड़ें आ केन्द्र में राजग के सरकार पूर्ण बहुमत का साथे बा. कहलन कि केन्द्र में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ महाराष्ट्र में देवेन्द्र फडनवीस के सरकार बहुते बढ़िया काम करत बाड़ी सँ. केन्द्र आ महाराष्ट्र राजग सरकार के कार्यकाल में अबहीं से भ्रष्टाचार के कवनो आरोप नइखे लागल जबकि एकरा पहिले के सरकारन का खिलाफ भ्रष्टाचार के अनेके आरोप रहुवे.
कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी पर चुटकी लेत शाह कहलन कि – “आजु काल्हु राहुल बाबा राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष शरद पवार का लगे बइठत बाड़न. राहुल बाबा प्रधानमंत्री मोदी से पूछत बाड़न कि बताईं रउरा अपना चार बरीस में का कइनी बाकिर हम उनुका से पूछत बानि कि उनुकर गोल अतना बरीसन में का का कइलसि.”
शाह कहलन कि नरेन्द्र मोदी सरकार गरीबन ला पांच लाख रुपिया के स्वास्थ्य बीमा के सुविधा देबे जा रहल बिया जवना से लगभग 50 करोड़ गरीब लोग लाभ उठाई.

Tags: , ,

More Stories From चुनाव

%d bloggers like this: