web analytics

भारतीय महिला हॉकी टीम मलेशिया के 4-1 से हरवलसि


गोल्ड कोस्ट, 06 अप्रैल (वार्ता). भारतीय महिला हॉकी टीम अपना पिछला हार से सबक लेत आजु शुक का दिने एहिजा भइल 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के दुसरका दिने मलेशिया का खिलाफ अपना पूल ए मैच में 4-1 से शानदार जीत अपना नामे कर लिहलसि.
भारत के अपना से निचला रैंक वाली टीम वेल्स का खिलाफ पहिला दिने 2-3 से करीबी हार झेले के पड़ल रहुवे. बाकिर पटरी पर लवटत रानी के कप्तानी वाली टीम दुसरके दिने अपना के सम्हार लिहलसि आ मलेशिया के हरावे में कामयाब हो गइल.
भारत पहिला क्वार्टर में एगो आ तिसरका क्वार्टर में एगो गोल कइलसि बाकिर एक गोल खाहूं के पड़ल एह क्वार्टर में. आखिरी क्वार्टर में भारत के टीम फेरु दू गो गोल दाग दिहलसि आ मलेशिया का खिलाफ अपन मैच 4-1 से जीत लिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: