Go to ...
RSS Feed

वाड्रा के झटका दिहलसि सुप्रीम कोर्ट



नयी दिल्ली 06 अप्रैल (वार्ता). डीएलएफ-स्काईलाइट जमीन सौदा मामिला में कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के जीजा रॉबर्ट वाड्रा के आजु तगड़ा झटका देत उनुका कंपनी स्काईलाइट हॉस्पिटैलिटी का खिलाफ आयकर विभाग के जांच जारी राखे के आदेश दे दिहलसि.
देश के माथ अदालत एह बारे में स्काईलाइट के याचिका खारिज करत दिल्ली उच्च न्यायालय के आदेश बरकरार रखलसि. वाड्रा के कंपनी मांग कइले रहुवे कि ओकरा खिलाफ होखे वाला आयकर विभाग के कार्रवाई रद्द क दीहल जाव.
सुप्रीम कोर्ट के एह फैसला का बाद डीएलएफ ज़मीन सौदन से वाड्रा के कंपनी के भइल आमदनी का बारे में आयकर विभाग के जांच जारी रही.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: