web analytics

आन्ही पानी के कहर जारी, बलिया में एक आदमी के मौत

(प्रतीक फोटो)

लखनऊ 11 अप्रैल (वार्ता). उत्तर प्रदेश के कई इलाकन में आजु तेज आन्ही पानी का चलते गेहूं आ आम कै फसल के बड़हन नुकसान भइल बा.
सहारनपुर, कानपुर, उन्नाव आ बाराबंकी समेत पूर्वांचलो का जिलन में आइल तेज आन्ही आ ओकरा बाद गर्जन तर्जन का साथे भइल बरखा से खेतिहरन के बहुते नुकसान हो गइल. सैकड़ों एकड़ खेतन में खड़ा पाकल गेंहू के फसल के आ बौर झड़ला से आम के फसल के बड़हन नुकसान हो गइल. आन्ही का चलते बाजार में टिकोढ़ा आ कच्चा आम के दामो गिर गइल.
मौसम विभाग का मुताबिक आन्ही पानी के ई सिलसिला अबहीं कुछ दिन जारी रहे के अनेसा बा.
बलिया में एह आन्ही पानीका बीचे ठनका गिरला से एगो खेत मजदूर के मौत हो गइल आ पांच जने झँउस गइलें.
पुलिस के कहना बा कि मुड़ाडीह गांव के छोटे लाल प्रजापति (50), पत्नी माधुरी देवी, बेटी उमरावती, परशुराम यादव, पार्वती आ राजकुमारी ताल में खेत से गेंहू के कटाई करत रहलें जब अचके में गरज का साथे बरखा शुरु हो गइल. एहसे बाँचे ला ई सगरी लोग एगो मँड़ई में घुस गइल. तबहिंए ओह मड़ई पर ठनका गिर गइल आ छोटेलाल के मौत ओहिजे हो गइल. बाकी झउँसल लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

 122 total views,  1 views today

%d bloggers like this: