web analytics

खुदरा महँगाई दर पिछला पाँच महीना के निचला स्तर पर


नयी दिल्ली 12 अप्रैल (वार्ता). दालन के दाम पिछला एक साल का तुलना में 13 फीसदी घट गइल बा आ खाए पिए के बाकी सामानन के महँगाई दर कम रहला से मार्च में खुदरा मूल्य सूचकांक का आधार पर बने वाला मुद्रास्फीति के दर लगातार तिसरको महीना घटत अब 4.28 फीसदी पर आ गइल बा.
खुदरा महँगाई दर पिछला साल अक्टूबर में 3.58 फीसदी रहुवे आ ओकरा बाद के ई सबले निचला स्तर बा. फरवरी में ई दर 4.44 आ पर साल मार्च में 3.89 फीसदी दर्ज भइल रहुवे.
केंद्रीय सांख्यिकी कार्यालय से बियफे का दिने जारी आँकड़ा में खाए पिए वाला सामान के खुदरा महँगाई दर 2.81 फीसदी बतावल गइल बा.

 59 total views,  1 views today

%d bloggers like this: