निशानेबाज़ी में तेजस्विनी आ अनीश भारत खातिर जीतलें दू गो स्वर्ण


गोल्ड कोस्ट, 13 अप्रैल (वार्ता). भारत के तेजस्विनी सावंत औरतन के 50 मीटर राइफल थ्री पोजिशन आ अनीश पुरूषन के 25 मीटर रैपिड फायर पिस्टल स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीत के शुक का दिने भारत के दू गो अउर स्वर्ण पदक दिलवा दिहलें.
औरतन के 50 मीटर राइफल थ्री पोजिशन स्पर्धा के फाइनल में राष्ट्रमंडल गेम्स रिकार्ड बनावत तेजस्विनी आठ खिलाड़ियल का फील्ड में सबले अधिका 457.9 के स्कोर का साथे स्वर्ण पदक पर कब्जा कइली जबकि एही स्पर्धा में भारते के अंजुम मुद्गिल 455.7 का स्कोर का साथे दुसरका जगहा पर आ के रजत पदक जीतली.
स्कॉटलैंड के सियोनेड मैकिनतोश 444.6 के स्कोर बनावत तीसरा जगहा अइली आ कांस्य पदक अपना नामे क लिहली.

दुसरका स्वर्ण पदक निशानेबाजी में शुक का दिने अनीश जीतलें जब ऊ 25 मीटर रैपिड फायर पिस्टल स्पर्धा में राष्ट्रमंडल खेलन के रिकार्ड बनावत 30 के स्कोर का साथे पहिला जगह हासिल कइलन. एही स्पर्धा शामिल भारत के नीरज कुमार छह खिलाड़ियन का फाइनल में पंचवा नंबर पर अइलें. उनुका महज 13 अंके निल पावल.
आस्ट्रेलिया के सर्गेइ एवग्लेवस्की 28 के स्कोर पर रजत पदक आ इंग्लैंड के सैम गोविन 17 के स्कोर का साथे कांस्य पदक जीतले.