Go to ...
RSS Feed

प्रेम में पगलाइल लइकी देवरिया में फांसी लगा लिहलसि


(प्रतीक फोटो)


देवरिया,13 अप्रैल (वार्ता). देवरिया सदर कोतवाली इलाका में एगो लइकी काल्हु प्रेम वियोग में फांसी लगाके जान दे दिहलसि.
पुलिस सूत्र आजु बतवलें कि सदर कोतवाली इलाका के एगो गांव में 17 बरीस के लइकी काल्हु साँझ अपना घर में ओढ़नी से फाँसी लगा के जाल दे दिहलसि.
बतावल जात बा कि गाँवे के एगो लढ़िका साथे ओकर आशनाई चलत रहुवे. कुछ समय पहिले ऊ ओकरे साथे भाग गइल रहुवे. बाद में दू महीना पहिले पुलिस दुनु के खोज निकललसि आ ओह आरोपुत आशिक के जेत भेज दिहलसि. ऊ अबहियों जेले में बन्द बा.
एने शायद ओकरे विरह वेदना से ऊ आपन जान दे दिहलसि. लाश पोस्टमार्टम करावे ला भेज के पुलिस हर कोण से मामिला के छानबीन करत बिया.

Tags:

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: