नयी दिल्ली 13 अप्रैल (वार्ता). दिवंगत अभिनेता विनोद खन्ना के बरीस 2017 के आजु दादा साहब फाल्के पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. न्यूटन के सबले नीक हिंदी फीचर फिल्म आ श्रीदेवी के सबले नीक अभिनेत्री के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार दीहल गइल.
असमी फिल्म विलेज रॉकस्टार्स के सबले नीक फीचर फिल्म, रिद्धी सेन के सबले नीमन अभिनेता आ ए.आर. रहमान के सबले नीक संगीत निर्देशक के खिताब मिलल बा.
हिंदी आ मराठी लेखिका उषा किरण खान आजु 65वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कारन ला चुनाइल नामन के घोषणा का दौरान बतवली कि दादा साहब फाल्के लाइफ टाइम अचीवमेंट पुरस्कार खातिर नाहियो त 15 गो नाम पर विचार भइल आ आखिर में दू घंटा माथा लगवला का बाद जूरी विनोद खन्ना के नाम पर मुहर लगवलसि.
फीचर फिल्म श्रेणी ला 11 सदस्यन वाली जूरी के प्रमुख आ जानल-मानल निर्माता निर्देशक शेखर कपूर बतवलें कि असमी फिल्म विलेज रॉकस्टार्स के सबले नीक फीचर फिल्म के पुरस्कार दीहल गइल बा. एकर निर्माता-निर्देशक रीमा दास हई आ ई फिलिम सुदूर गाँव के ओह बचवन के कहानी ह जे आगा चल के रॉकस्टार बने के सपना देखेलें.
लक्षद्वीप में बनल जसारी भाषा के फिल्म सिंजर को सबले नीक पहिल फिलिम, बाहुबली-2 (तेलुगु) के सबले लोकप्रिय फिलिम, मराठी फिलिम मोर्ख्या के सबले नीक बाल फिलिम के पुरस्कार दीहल गइल बा.
राष्ट्रीय एकीकरण पर बनल सबले नीक फिलिम के पुरस्कार मराठी फिलिम धप्पा के मिलल. सामाजिक सरोकारन पर बनल फिलिम के पुरस्कार मलयालम फिलिम आलोरुक्कम के आ पर्यावरण संरक्षण पर हिंदी फिलिम इरादा के सबले नीक फिलिम के पुरस्कार मिलल.
हाल ही में दुनिया के अलविदा कह जोए वाली श्रीदेवी के फिलिम मॉम में उनुका शानदार अभिनय ला सबले नीक अभिनेत्री आ रिद्धी सेन के बंगला फिलिम नगर कीर्तन खातिर सबले नीक अभिनेता घोषित कइल गइल.
सवले नीक निदेशक के पुरस्कार मलयालम फिलिम भयानकम के निदेशक जयराज के दीहल गइल.
88 total views, 1 views today