web analytics

भाजपा विधायक आरोप लगवलन कि योगी उनुकर बाति नइखन सुनत


देवरिया,13 अप्रैल (वार्ता). देवरिया के बरहज विधानसभा क्षेत्र से भाजपा विधायक सुरेश तिवारी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पर आरोप बा कि ऊ कवनो विधायक के बाति नइखन सुनत.
सुरेश तिवारी शुक का दिने अपना गांव रनियहंवा में मीडिया कर्मियन से बातचीत का दौरान ई आरोप लगवलन. कहलन कि जबे कबो कवनो भठियारा अधिकारी के शाकायत भा ओकरा तबादला के कहीलें त मुख्यमंत्री के जवाब रहेला कि राजनीति छोड़ द.
कहलन कि एही सब का चलते अब प्रदेश में कवनो अधिकारिओ विधायकन के बाति नइखन सुनत मानत. देवरिया के जिलाधिकारी सुजीत कुमार के पता ना कतना बेर फोन लगवलन बाकिर उनुकर फोन उठबे ना करे. एह बाति के जानकारी पार्टी के जिलाध्यक्ष समेत अउरिओ पदाधिकारियन के बा.

 80 total views,  1 views today

%d bloggers like this: