अचंत के एकल के त साथियान-मणिका के मिश्रित युगल के कांसा


गोल्ड कोस्ट, 15 अप्रैल (वार्ता) भारत के मणिका बत्रा 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के आखिरी दिने अतवार के जी साथियान का साथे टेबल टेनिस के मिश्रित युगल टीम स्पर्धा के कांस्य पदक मुकाबले में जीत दर्ज करत एह खेलन के चउथा पदक अपना नामे कर लिहली. पुरूष एकल के कांस्य पदक मुकाबला में अचंत शरत कमल पदक जीते में कामयाब रहले.
एकरा साथही गोल्ड कोस्ट में भारत के टेबल टेनिस टीम कुल सात पदक अपना नामे कइलसि जवना में तीन गो स्वर्ण, दू गो रजत आ दू गो कांस्य पदक शामिल बा.
22 बरीस के मणिका स्वर्ण पदक जीतला का एक दिन बाद जी साथियान का साथे जोड़ी बना के खेलत मिश्रित युगल टीम स्पर्धा के मुकाबला में अपने देश के अचंत शरत कमल आ मौमा दास के जोड़ी के 3-0 से हरा दिहली. आ कांस्य पदक के मुकाबला मणिका-साथियान के जोड़ी 11-6, 11-2, 11-4 से जीतलसि.
शनिचर का दिने मणिका महिला एकल के स्वर्ण पदक अपना नामे कइले रही आ अब आखिरिओ दिने एगो अउर पदक जीत के चार पदक जीते वाली सबसे सफल खिलाड़ी बन गइली. मणिका एकल में स्वर्ण, महिला टीम स्पर्धा के स्वर्ण आ महिला युगल टीम में मौमा दास का साथे रजत पदक जीतली आ साथियान का साथे मिश्रित युगलो में कांस्य पदक जीत लिहली.
ओहिजे मणिका के मिश्रित युगल टीम साथी चेन्नई के साथियानो के एह खेलन में ई तीसरा पदक रहल. एकरे से पहिले ऊ पुरूष टीम के स्वर्ण पदक आ पुरूष युगल स्पर्धा में शरत कमल का साथे रजत पदक जीतले रहलें.
दोसरा ओर अनुभवी खिलाड़ी शरतो अपनो कांस्य पदक मुकाबले में जीत दर्ज कइलन आ इंग्लैंड के सैमुअल वाकर के 4-1 से हरा दिहलन. शरत आपन मैच 11-7, 11-9, 9-11, आ 11-9 से जीतले आ एह खेल में आपन तीसरा पदक लिहले. एहसे पहिले शरत पुरूष टीम स्पर्धा के स्वर्ण आ युगल स्पर्धा के रजत जीतलें.