web analytics

आरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 6 गो खबर

उदवंत नगर के पूरबी डेमहां गांव के परमहंस यादव के बेटा जीतेन्द्र (25 बरीस) शुक का दिने आरा सासाराम रोड पर गाँवे का लगे सड़क किनारा बन गइल गड़ही में अपना भईंसियन के नहवावे ले गइल रहुवे. गड़ही के गहराई के थाह ना लगला का चलते ऊ ओहिमें डूब गइल. जब भईंस घरे आ गइली सँ आ जीतेन्द्र ना अइलन त घर के लोग खोजे निकलल आ तब एह हादसा के जानकारी भइल.

चांदी थाना के पुलिस शुक का राते चेकिंग का दौरान आरा ओर जात एगो कार के रोकलसि त ओकरा पर शराब का नशा में एगो नवही मिलल. कार का तलाशी में एगो पिस्तौल आ नौ गो करतूस मिलला का बाद पुलिस ओह नवही गोविन्द के गिरफ्तार कर लिहलसि.

सहार थाना के बंसी डिहरी गाँव के सुभाष यादव के गाँवे के एगो औरत से छेड़खानी करे का मामिला में पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.

पीरो में दिनदाडे़ मामूली झगड़ा में एगो नवही के गोली मार दीहल गइल. वारदात चतुर्भुजी बरांव गाँव में भइल. जख्मी नवही के कहना बा कि शुक के साँझे गाँवे के दू जने जे नशा में धुत रहलें अपना बाइक से ओकरा के धक्का मार दिहलें. विरोध कइला पर लोग मारे पीटे लागल. ओह समय कुछ लोग बीचबचाव क दीहल बाकिर शनिचर का दिने फ्रु कुछ लोग गोल बना के आ धमकल आ ओकरा के मारे पीटे लागल. एही दौरान डेरवावे खातिर ऊ सब फायरिंगो कइले सँ. जख्मी राम प्रताप सिंह के अस्पताल में इलाज चलत बा आ पुलिस गाँवे के एगो आरोपी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

कुख्यात गैंगस्टर अभिषेक का नाम पर आरा के एगो कोचिंग संचालक से दस लाख रुपिया रंगदारी में मांगल गइल बा आ धमकावल गइल बा कि चुपचाप रुपिया दे द ना त जेल से निकलला पर तोहरा के भूंज देब. नइखे देबे के त कोचिंग बन्द कर के चल जा. संचालक गंगहर गांव के कन्हैया सिंह आ शोभी डुमरा गाँव के प्रेम कुमार सिंह हउवें.

डुमरांव टीसन का लगे ओवरहेड बिजली तार टूट के गिर गइला का चलते पटना मुगलसराय सेक्शन पर रेलगाड़ियन के आवाजाही शनिचर का दिने छह घंटा ले थथमल रहल.

 88 total views,  1 views today

%d bloggers like this: