छपरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 9 खबर


दरियापुर, अमनौर, इसुआपुर, परसा, जलालपुर समेत कई जगहा भइल अगलगी के हादसन में लाखौं के फसल, घर आ संपति राख होखे के खबर बा. हरदिया चँवर के आग बुतावे में पाँच गो दमकल लगली सँ तब जा के आगि पर काबू पावल जा सकल.

अमनौर के मनौरपुर कानू टोला में कई गो मड़ईयन के राख होखे के खबर बा. परसा के बेदवलिया में एक बिगहा गेंहू के फसल राख हो गइल. इसुआपुर के ढटरा पुरसौली के मुस्लिम टोली में आगि लगला से हजारों के संपति राख हो गइल. आगि असलम अंसारी का घर से शुरु भइल रहुवे आ पछुआ का चलते पसरत चलि गइल.

मढ़ौरा के रहीमपुर गाँव से एगो लड़िकी के शादी का नीयत से अपहरण क लीहल गइल बा. ओकर पिता गड़खा थाना में दू गो नवहियन का खिलाफ मुकदमा लिखवले बाड़न. ई दुनु लड़िका गड़खा के मौहरमपुर गाँव के हउवें स.

मढ़ौरा के गौरा चौकी के नेथुओ गाँव के एगो औरत के एटीएम कार्ड बदलि के ओकरा खाता से एक लाख रुपिया उड़ा लीहल गइल बा. एहमें से 40 हजार रुपिया कवनो परवेज आलम का नाम से खाता में ट्रांसफरो कइल गइल बा. पुलिस मामिला दर्ज कर के जाँच करत बिया.

सोनपुर के मुरथान में भाजपा नेता अभय ओझा किहां अपना ससुरारी आइल बरेजा गाँव के सचिन्द्र तिवारी के शुक का राते लैपटाप, मौबाइल आ डा़टा कार्ड चोरा लीहल गइल. ऊ एकर शिकायत थाना में लिखववले बाड़न.

मकेर महाबीर चौक के चंदिला रोड के एगो मौबाइल दूकान से देर रात लाखों रुपिया के मौबाइल आ अउरी सामान चोरा लीहल गइल बा. पुलिस एह मामिला में कुछ सामान का साथो दू गो चोर पकड़ले बिया.

रेलवे में नौकरी लगवावे का नाम पर जालसाजी करे वाला गिरोह के तीन गो गुर्गन के सोनपुर पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. एगो यूपी के बलिया के ह आ दू गो रिविलगंज के. तीनों के जेल भेज गीहल गइल बा.

सिद्धशक्ति पीठ अंबिका स्थान आमी मंदिर में सतुआन का दिने हजारो श्रद्धालु गंगा में नहान कइलें आ माता के दर्शन कर के सतुआनी मनावल लोग.