जौनपुर, 15 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर पुलिस खुटहन इलाका से जोहात रहल एगो दस हजारी बदमाश के आजु मुठभेड़ क के गिरफ्तार कर लिहलसि.
पुलिस अधीक्षक के के चौधरी ई जानकारी देत बतवलें कि खुटहन थाना प्रभारी निरीक्षक शिव शंकर सिंह आ खेतासराय थानाध्यक्ष योगेंद्र सिंह के नेतृत्व में खुटहन चौराहा का लगे मुठभेड़ क के दस हजार के इनामी बदमाश जमालुद्दीनपुर के रहे वाला विवेक कुमार के गिरफ्तार कर लीहल गइल.
विवेक कुमार का खिलाफ खेतासराय आ खुटहन थाना में कई मुकदमा दर्ज बा आ पुलिस ओकरा पर दस हजार के इनाम घोषित क के रखले रहुवे.
विवेक के जेल भेज दीहल गइल बा.
64 total views, 1 views today