अहमदाबाद, 16 अप्रैल. राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के गुजरात इकाई के तीन गो माथ नेता आपन पूरा माथा लगवलें कि विश्व हिन्दू परिषद के पुरनका कार्यकारी अध्यक्ष प्रवीण तोगड़िया अपना अनशन से बाज आ जासु बाकिर ऊ मनलें ना आ कहलें कि ऊ अनशन करे का फैसला पर अडिग बाड़न.
प्रवीण तोगड़िया इहो कहलन कि पिछला 14 अप्रैल के भइल विहिप के सांगठनिक चुनाव, जवना में उनुका लोग के हार मिलल, का बाद नयका नेतृत्व का साथे उनुकर कवनो मतभेद भा मनभेद नइखे. ऊ त बस इहे चाहत बाड़न कि मौजूदा विहिप नेतृत्वो उनुके तरह अयोध्या में राम मंदिर निर्माण के मांग समेत हिन्दुत्व से जुड़ल सगरी मुद्दन पर उनका साथे अनशन पर बइठे भा अपना नयी दिल्ली के विहिप कार्यालय में अनशन करे।
ओने संघ के गुजरात के प्रांत प्रचारक चिंतन उपाध्याय, प्रांत कार्यवाह यशवंत चौधरी आ प्रांत संपर्क प्रमुख हरेश ठक्कर, जे तोगड़िया से मुलाकात कइलें, एह मुलाकात के शिष्टाचार भेंट करार दिहलें.
हालांकि तोगड़िया साफ कहलन कि संघ के नेता उनुका अनशन से चिन्तित रहलें आ हम ओह लोग से कहनी कि हम जवना मुद्दा ले के अनशन करे जात बानी ऊ असल में संघे के मुद्दा ह आ हमार कवनो निजी मुद्दा नइखे. हम त इहे चाहब कि संघो हमार साथ देव.
कहलन कि चुनाव का बेरा हमनी का वादा कइले रहीं कि केंद्र में सरकार बनला पर अयोध्या में राम मंदिर खातिर संसद में कानून बनाएब स, समान नागरिक संहिता लागू कराएब जा आ धारा 370 हटावल जाई. हम एही वादन के पूरा करे के मांग करत बानी. हमार विहिप नेतृत्व से कवनो मतभेद नइखे आ हम विहिप का बारे में कुछ गलत कबो बोलिए ना सकीं काहें कि केहू के अपना महतारी भा भाई का बारे में गलत ना बोले के चाहीं.
वइसे कुछ जानकारन के कहना बा कि ई सब कुछ बाकायदा योजना का तहत करावल जा रहल बा जेहसे साँपो मरा जाव आ लाठिओ ना टूटे. सरकार में रहत मंत्रियन के करे बोले के एगो सीमा होले आ ऊ लोग ओकरा के लाँघ ना सके बाकिर दोसरा लोग ला अइसन कवनो मजबूरी नइखे. राम मन्दिर मुद्दा के जिअवले राखे आ ओकरा ला सरकार पर मजगर दबाव बनवले राखल जरुरी बा आ एही से तागड़िया एह मुद्दा के लहकावल जारी रखीहें.