web analytics

मुसलमान नइखन चाहत कि तीन तलाक का खिलाफ कानून बने


पटना 15 अप्रैल (वार्ता). इमारत-ए-शरिया का ओर से अतवार का दिने बोलावल गइल “दीन बचाओ, देश बचाओ” सम्मेलन में मुस्लिम नेता लोग एक चुर से नरेन्द्र मोदी सरकार से तीन तलाक बिल वापस लेबै के मांग कइल आ कहलसि लोग कि मुसलमानन के डरवावे के कोशिश बंद करे के कदम उठावे सरकार. आरोप लगावल लोग कि पिछला कुछ बरीस से शरीयत में दखल देबे के कोशिश हो रहल बा.
इमारत-ए-शरिया बिहार,ओडिशा आ झारखंड के अमीर-ए-शरीयत हजरत मौलाना सैयद मोहम्मद वली रहमानी पटना के गांधी मैदान में लाखों मुसलमानन के भीड़ का सोझा कहलें कि मुस्लिम मजहब आ शरीयत से खिलवाड़ कइल जा रहल बा आ इस्लामिक संस्कृति अउर कुरानी शिक्षा के निशाना बनावल जा रहल बा. कहल गइल कि महिला सुरक्षा के नाम पर सरकार तीन तलाक बिल ले आ के शरीयत में दखल देबे के नया दरवाजा खोल दिहले बिया.
एह लोग के कहना रहल कि भीड़ के हिंसा आ कुछ बेलगाम नेता लोग का बयान के जरिये देश के मुसलमानन में डर पैदा करे के कोशिश कइल जा रहल बा. केन्द्र सरकार नफरत आ डर के माहौल खतम करे आ समाज में समानता कायम करे के कोशिश करे ना त देश के एकता आ अखंडता खतरा में पड़ जाई.

 78 total views,  1 views today

%d bloggers like this: