Go to ...
RSS Feed

Archives for April 2018

खबर हमेशा दिहले ना जाव, कबो कबो लिहलो जाला

पटना 21 अप्रैल. केन्द्र में भाजपा सरकार बनला का बाद गोल भा सरकार में कवनो भाव ना मिलला से रिसियाइल यशवंत सिन्हा भाजपा से सगरी नाता रिश्ता तूड़ लिहलें आ अब शायद जेपी बने के सपना देखत बाड़ें. कहतारें कि अब से दलगत राजनीति ना करीहें आ आवे वाला दिनो में कवनो पद ना चहीहे.

देश के विरोधी गोल कांग्रेस का साथे मिल के नंगई पर उतरलें

नयी दिल्ली, 20 अप्रैल. कांग्रेस समेत देश के सात गो विरोधी गोल के सदस्य आजु राज्यसभा के सभापति एम. वेंकैया नायडु के सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश दीपक कुमार मिश्रा का खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव के नोटिस दिहलें. नोटिस सउँपला का बाद राज्यसभा में विरोधी गोल के नेता गुलाम नबी आजाद आ कांग्रेस के बड़का वकील

गुजरात के नरोडा पाटिया मामिला में मंत्री रहल माया कोडनानी बरी हो गइली

अहमदाबाद, 20 अप्रैल. गुजरात में अयोध्या से लवटि के आवत रामभक्तन के गोधरा में ट्रेन का डिब्बा में बंद क के जरा मुअवला का बाद भड़कल साल 2002 के भीषण दंगा का दौरान नरेडा पाटिया में कुछ मुसलमानन के मार डालल गइल रहे. एही मामिला में ओह घरी गुजरात सरकार में मंत्री रहल मायाबेन कोडनानी

अमेरिकी इतिहास में सबले बूढ़ अपराधी के दीहल गइल मौत

वाशिंगटन 20 अप्रैल (वार्ता). अमेरिका के अलाबामा प्रांत में अबले के सबले बूढ़ अपराधी वाल्चर मूडी के आजु मौत दे दीहल गइल. ओकरा पर साल 1989 में सिलसिलेवार बम धमाका करावे के आरोप रहुवे. जेल अधिकारियन से जानकारी मिलल कि 83 बरीस के वाल्टर मूडी के अलाबामा प्रांत के अटमोर में विलियम सी होलमैन फेसिलिटी

संतकबीरनगर में पेड़ से टकराइल पिकअप, तीन जने के मौत

संतकबीरनगर 20 अप्रैल (वार्ता). संतकबीरनगर के बखिरा इलाका में आजु एगो पिकअप गाड़ी सड़क किनारे का पेड़ से टकराके खड्डा में गिर गइल. एह हादसा में ओह पर सवार तीन जने के ओहिजे मौत हो गइल. पुलिस बतवलसि कि सबेर बेरा बस्ती का ओर से आवत एगो मुर्गी लदले पिकअप गाड़ी बस्ती-नंदौर सड़क पर चमनगंज

आजमगढ़ में नाबालिग से बलात्कार वाला गिरफ्तार

आजमगढ़ 20 अप्रैल (वार्ता). आजमगढ़ के कप्तानगंज इलाका में एगो बारह बरीस के लड़िकी से बलात्कार भइला का खबर सामने आइल बा. पुलिस सूत्र बतवलें कि कप्तानगंज इलाका में काल्हु सँझिया बारह बरीस के लड़िकी दिशा मैदान ला घर से निकलल रहुवे. बीचे में गाँवे के मनमोहन उर्फ राजा दुबे ओकरा के धर लिहलसि आ

ट्रैक्टर का धक्का से छात्रा के मौत का बाद भइल अगजनी आ बवाल

चन्दौली 20 अप्रैल (वार्ता). चंदौली के सकलडिहा इलाका में एगो ट्रैक्टर से धक्का लगला का चलते भइल पॉलिटेक्निक के छात्रा के मौत का बाद खिसियाइल छात्र छात्रा जम के बवाल मचवले आ ओह ट्रैक्टर में आ एगो पुलिस गाड़ी के आग का हवाले कर दिहलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि सकलडीहा-चन्दौली रोड पर काल्हु सँझिया राजकीय

गोण्डा में बाघ उपटल, छह जने के नोच डललसि

गोण्डा 19 अप्रैल (वार्ता ). गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका हरिहरपुर चांईपुरवा गांव में जंगल से भटकि के आ गइल एगो बाघ छह जने के नोचि के घवाहिल क दिहले बा. बाघ का हमला से इलाका में दहशत के माहौल बनि गइल बा आ ओकरा के पकड़े ला लखनऊ से स्पेशल टीम बोलावल गइल बा.

स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन

महाराजगंज, 19 अप्रैल. सिवान जिला के महाराजगंज इलाका के बगरा गाँव के पुरनिया स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन मंगल के अधरतिया में पटना के एगो निजी अस्पताल में हो गइल. पटना से उनुकर पार्थिव शरीर गाँवे पहुँचते उनुकर आखिरी दर्शन ला लोग के हुजूम उमड़ पड़ल. सीताराम बाबू के मनसा का मुताबिक डुमाई गढ़

बिजली से लागल आगि से आठ घर राख

भेल्दी, 19 अपेरैल. अमनौर इलका के मदारपुर नोनिया बस्ती में मंगल का राति बिजली के शॉट सर्किट से लागल आग का चलते धह गो घर राख हो गइल आ लाखों के संपति स्वाहा हो गइल. बद्री महतो का घर में शुरु भइल आगि देखते देखत अगल बगल के आठ जने के घर अपना गिरफ्त में

कुख्यात पवन चौधरी के गिरफ्तारी से आरा में राहत

आरा, 19 अप्रैल. पटना आ भोजपुर में दहशत के दोसर नाम बन चुकल सीरियल किलर पवन चौधरी के उदवंतनगर इलाका के बेलाउर गाँव से मंगल का दिने पुलिस के स्पेशल टीम गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस सूत्रन के कहना बा कि पवन जेल में बंद अपना आका रंजीत चौधरी का इशारा पर वारदात करत रहुवे आ

वकीलन के झटकारत जज लोया के मौत वाली याचिका खारिज क दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

नयी दिल्ली 19 अप्रैल. केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के न्यायाधीश रहल बी एच लोया के मौत के स्वतंत्र जांच करावे ला दीहल गइल सगरी याचिका सुप्रीम कोर्ट आजु खारिज क दिहलसि. कहलसि कि जनहित याचिका लगावल एह घरी आपन व्यापारिक भा राजनीतिक बदला निकाले के धंधा बनि गइल बा. वकीलन के बाकायदा नाम लेत अदालत

खून कइला का बाद लाश दियरा में फेंक गइलें सँ

गुठनी, 18 अप्रैल. सिवान जिला के ग्यासपुर गांव में एगो नवही के गरदन रेतल लाश दियरा में गेहूं का खेत में फेंकल मिलल बा. ओकर पहचान ग्यासपुर के भीम राजभर के बेटा धीरज का रुप में भइल बा. जे पिछला कई दिन से लापता रहुवे. मंगल का भोरे केहू फोन क के बतावल त लोग

टीडीएम के कार आरा में उत्पात मचवलसि

आरा, 18 अप्रैल. मंगल का दिने आरा टीडीएम के बेकाबू बेकाबू स्कॉर्पियो आरा शहर में जमके उत्पात मचवलसि. सरकारी गाड़ी का नशा में धुत चालक तीन आदमी के कचार दिहलसि. ओहिजा से निकलल त जज कोठी मोड़ का लगे एगो टेम्पो के ठोकर मार दिहलसि. एह पर सवार आठ लोग घवाहिल हो गइल. बाद में

घरेलू कलह में बड़ भाई के छूरा घोंप के मार डललसि

परसा, 18 अप्रेल. पारिवारिक कलह आ बाताबाति में सारण जिला के परसा इलाका के एगो गाँव में छोटका भाई अपना बड़ भाई मिथिलेश राय के छूरा घोंप के जान ले लिहलसि. घवाहिल मिथिलेश के पीएचसी परसा ले जाइल गइल त डॉक्टर उनुका के मर गइल बता दिहलें. घटना काल्ह मंगल सबेर के ह, जानकारी मिलला

हिन्दु विरोधी कांग्रेस देश के बदनाम कइलसि, माफी मांगसु राहुल : अमित शाह

बेंगलुरु, 18 अप्रैल (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि भगवा आतंकवाद का नाम पर कांग्रेस लाखों साल पुरान हिन्दू संस्कृति के बदनाम कइले बिया आ एह गलती ला कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के पूरा देश से माफी मांगे के चाहीं. कर्नाटक विधानसभा के 12 मई का दिने होखे वाले

कठुआ मामिला में मीडिया घरानन पर दस-दस लाख के जुर्माना

नयी दिल्ली 18 अप्रैल (वार्ता). जम्मू कश्मीर के कठुआ में बलात्कार पीड़ित बच्ची के पहचान उजागर क के टीआरपी बटोरे वाला मीडिया का खिलाफ कड़ा रुख अपनावत दिल्ली उच्च न्यायालय आजु ओह मीडिया हाउसन पर दस-दस लाख रुपिया के जुर्माना लगा दिहलसि जे जे ओकर नाम उजागर करे के अपराध कइले बा. अदालत इहो कहलसि

जम्मू कश्मीर में भाजपा के सगरी मंत्रियन के इस्तीफा

जम्मू 17अप्रैल. जम्मू कश्मीर सरकार में शामिल भारतीय जनता पार्टी के सगरी मंत्री काल्हु आपन इस्तीफा अपना गोल के प्रदेश अध्यक्ष सत शर्मा के सउँप गहले बाड़न. बाकिर अबहीं ले ई साफ नइखे भइल कि कारण का बा. एहसे पहिले दू गो मंत्रियन के इस्तीफा कठुआ मामिला में सही जाँच के मांग करे का चलते

जहर से जहर के काट निकाली राजग

नयी दिल्ली 17 अप्रेल. देश में एह घरी विपक्ष जइसन माहौल बनावे में लागल बा ओह माहौल में आरक्षण आ एससी एसटी एक्ट के अउरी बरियार कइल छोड़ि के दोसर कवनो राह नइखे लउकत. लमहर छलांग लगावे खातिर निहुरल बेजाँय ना मानल जाई. हालांकि मौदी भक्त मिडिल क्लास में आ आरक्षण विरोधी सवर्णन में मौजूद

चन्द्रशेखर एकहु दिन प्रधानमंत्री आवास में रात ना बितवलें

बलिया 17 अप्रैल. बिना कवनो गॉडफादर के राजनीति में बुलंदी हासिल करे वाला देश के अठवां प्रधानमंत्री चंद्रशेखर प्रधानमंत्र रहतो एको रात प्रधानमंत्री आवास में ना रुकलें. उनुका मालूम रहल कि प्रधामनंत्री के पद टेमपररी बा आ कहियो कांग्रेस आपन समर्थन वापिस ले के पद से हटवा सकेले. आ उनुकर अनेसा सहिए साबित भइल आगे

Older Posts›› ‹‹Newer Posts