Go to ...
RSS Feed

Archives for April 2018

देवास बैंक नोट प्रेस में आजु से तीनो पाली में नोटछपाई शुरू

देवास, 17 अप्रैल. देश भर का एटीएम मशीनन में नगदी कै कमी का चलते मध्यप्रदेश के देवास के बैंक नोट प्रेस में आजु से तीनो पाली में नोट छापे के काम शुरू हो गइल बा. बैंक नोट प्रेस के उप महाप्रबंधक आर सी मोटवानी ई जानकारी देत कहलन कि देवास में 500 आ 200 रूपिया

आधा लोग ओने, आधा लोग एने आ बाकी लोग हमरा पीछे आवे

अहमदाबाद, 16 अप्रैल. राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के गुजरात इकाई के तीन गो माथ नेता आपन पूरा माथा लगवलें कि विश्व हिन्दू परिषद के पुरनका कार्यकारी अध्यक्ष प्रवीण तोगड़िया अपना अनशन से बाज आ जासु बाकिर ऊ मनलें ना आ कहलें कि ऊ अनशन करे का फैसला पर अडिग बाड़न. प्रवीण तोगड़िया इहो कहलन कि पिछला

यूपीए के हिन्दू आतंकवाद के जुमला बेकार हो गइल

हैदराबाद, 16 अप्रैल. हैदराबाद में राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए ) के विशेष अदालत बरास 2007 में भइल मक्का मस्जिद विस्फोट से जुड़ल मामिला में आजु फैसला सुनावत सगरी आरेपियन के बरी क दिहलसि काहें कि केहू का खिलाफ अइसन सबूत ना मिल सकल जवना का आधार पर ओह लोग के सजा दीहल जा सके. अदालत

मुसलमान नइखन चाहत कि तीन तलाक का खिलाफ कानून बने

पटना 15 अप्रैल (वार्ता). इमारत-ए-शरिया का ओर से अतवार का दिने बोलावल गइल “दीन बचाओ, देश बचाओ” सम्मेलन में मुस्लिम नेता लोग एक चुर से नरेन्द्र मोदी सरकार से तीन तलाक बिल वापस लेबै के मांग कइल आ कहलसि लोग कि मुसलमानन के डरवावे के कोशिश बंद करे के कदम उठावे सरकार. आरोप लगावल लोग

बिहार विधान परिषद के चुनाव करावे के जरुरत ना पड़ी

पटना 15 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन ला होखे वाला चुनाव में अबहीं ले एगारहे गो उमीदवार मैदान में ताल ठोकले बाड़े जवना से लागत बा कि सभे के निर्विरोध चुनाव हो जाई. राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं परचा दाखिल करा चुकल बाड़ें. आजु भाजपा का तरफ से तीन गो

जौनपुर पुलिस दस हजार के इनामी बदमाश के गिरफ्तार कइलसि

जौनपुर, 15 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर पुलिस खुटहन इलाका से जोहात रहल एगो दस हजारी बदमाश के आजु मुठभेड़ क के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस अधीक्षक के के चौधरी ई जानकारी देत बतवलें कि खुटहन थाना प्रभारी निरीक्षक शिव शंकर सिंह आ खेतासराय थानाध्यक्ष योगेंद्र सिंह के नेतृत्व में खुटहन चौराहा का लगे मुठभेड़ क के

गैंग रेप का बाद नाबालिग बच्ची के हत्या

मोतिहारी 15 अप्रैल (वार्ता). पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका के रौशनपुर सपहा गांव में दिशा मैदान ला गइल नाबालिग से गांवे पूर्व मुखिया के बेटा अपना संघतियन साथे रेप क के ओकर गला दबाके मुआ दिहलसि. पुलिस सूत्र बतवलें कि रौशनपुर सपहां गांव में अपना भउजाई साथे शनिवार राति घर से दिशा मैदान ला

गोरखपुर सड़क दुर्घटना में डा0 नन्दनी घोष के मौत

गोरखपुर 15 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के शाहपुर इलाका में आजु भइल सड़क दुर्घटना में डा0 नन्दनी घोष (55 बरीस) के मौत हो गइल. पुलिस बतवलसि कि शाहपुर इलाका के रहे वाली डा0 नन्दनी घोष रोज का तरह आजुओ सबेरे अपना पति का साथे आरोग्य मंदिर परिसर में टहले गइल रही. ओकरा बाद लवटत घरी सड़क

आजमगढ़ मुठभेड़ में दू गो इनामी बदमाश समेत चार गो गिरफ्तार

आज़मगढ़ 15 अप्रैल (वार्ता). आजमगढ़ जिला में अलग-अलग मुठभेड़ में 20-20 हजार के दू गो इनामी बदमाशन समेत चार गो के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. एह मुठभेड़न में दू गो बदमाश आ दू गो पुलिसवाले घवाहिल हो गइलें. पुलिस अधीक्षक अजय साहनी बतवलें कि भोर मे गंभरपुर आ रानी के सराय इलाकन में भइल पुलिस

विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा उमीदवारन के नाम घोषित

नयी दिल्ली, 15 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) उत्तर प्रदेश अउर बिहार के विधान परिषद चुनाव खातिर अपना उमीदवारन के नाम आजु घोषित क दिहलसि. भाजपा का ओर से जारी विज्ञप्ति में एह उमीदवारन में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, आ मंत्री मंगल पांडेय अउर उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री महेंद्र सिंह आ

आरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 6 गो खबर

उदवंत नगर के पूरबी डेमहां गांव के परमहंस यादव के बेटा जीतेन्द्र (25 बरीस) शुक का दिने आरा सासाराम रोड पर गाँवे का लगे सड़क किनारा बन गइल गड़ही में अपना भईंसियन के नहवावे ले गइल रहुवे. गड़ही के गहराई के थाह ना लगला का चलते ऊ ओहिमें डूब गइल. जब भईंस घरे आ गइली

छपरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 9 खबर

दरियापुर, अमनौर, इसुआपुर, परसा, जलालपुर समेत कई जगहा भइल अगलगी के हादसन में लाखौं के फसल, घर आ संपति राख होखे के खबर बा. हरदिया चँवर के आग बुतावे में पाँच गो दमकल लगली सँ तब जा के आगि पर काबू पावल जा सकल. अमनौर के मनौरपुर कानू टोला में कई गो मड़ईयन के राख

21 वां राष्ट्रमंडल खेलन में भारत के तिसरका सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन

15 अप्रेल 2018 सबेरे 10 बजे तक के स्थिति रैंक देश स्वर्ण रजत कांस्य कुल 1 आस्ट्रेलिया 80 59 59 198 2 इंगलैण्ड 45 45 46 136 3 भारत 26 20 20 66 4 कनाडा 15 40 27 82 5 दक्खिन अफ्रीका 15 16 15 46

सिंधू के हरा के सायना जीतली दुसरका स्वर्ण, श्रीकांत जीतलें रजत

गोल्ड कोस्ट, 15 अप्रैल (वार्ता). भारत के महिला शटलर सायना नेहवाल बहुप्रतीक्षित मुकाबले में ओलंपिक रजत विजेता पीवी सिंधू का खिलाफ एक बेर फेरु आपन दबदबा साबित करत 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के आखिरी दिने अतवार के महिला एकल बैडमिंटन स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीत लिहली आ एह खेलन में दू गो स्वर्ण अपना नामे करे

अचंत के एकल के त साथियान-मणिका के मिश्रित युगल के कांसा

गोल्ड कोस्ट, 15 अप्रैल (वार्ता) भारत के मणिका बत्रा 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के आखिरी दिने अतवार के जी साथियान का साथे टेबल टेनिस के मिश्रित युगल टीम स्पर्धा के कांस्य पदक मुकाबले में जीत दर्ज करत एह खेलन के चउथा पदक अपना नामे कर लिहली. पुरूष एकल के कांस्य पदक मुकाबला में अचंत शरत कमल

विहिप चुनाव में हार का बाद तोगड़िया गुट के बवाल

अहमदाबाद, 14 अप्रैल (वार्ता). विश्व हिन्दू परिषद के इतिहास में पहिला बेर करावल गइल चुनाव में अपना खेमा के करारी हार से खोंखियाइल प्रवीण तोगड़िया गुट आजु अहमदाबाद में विहिप के प्रदेश मुख्यालय पर जम के नारेबाजी कइलें आ बवाल कटलें. अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष पद खातिर भइल चुनाव में चुनाव में अपना समर्थक राघव रेड्डी के

जौनपुर में हर्ष फायरिंग में प्रधान पति समेत तीन जने घवाहिल

जौनपुर, 14 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर जिला में एगो विवाह समारोह का दौरान कइल गइल हर्ष फायरिंग में तीन जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस बतवलसि कि सरायख्वाजा इलाका के गोसाईपुर गाँव के इमरान के लड़की के शादी आजु इटौरी के मुनिया गाँव के मोहम्मद फारूख के लड़िका साथे तय रहुवे. नियत समय पर बारात पहुँचल. साँझ

कुशीनगर में शराब के जखीरा बरामद, पांच जने गिरफ्तार

कुशीनगर 14 अप्रैल (वार्ता). कुशीनगर के कप्तानगंज आ तरयासुजान इलाका से पुलिस आजु पांच गो तस्करन के गिरफ्तार करत ओहनी का कब्जा से 550 पेटी शराब बरामद क लिहलसि. पुलिस अधीक्षक अशोक कुमार पाण्डेय पत्रकारन के बचलें कि कप्तानगंज में पुलिस आ स्वाट टीम मिल के पंजाब निर्मित अवैध शराब के एगो कन्टेनर कब्जा में

जहरखुरानी गिरोह के दू गो बदमाश गिरफ्तार, ट्रैक्टर ट्रॉली बरामद

गोण्डा 14 अप्रैल (वार्ता). गोण्डा जिला के उमरीबेगम गंज इलाका के बरौली टेंपरा सरपत जंगल से नशीला पेय पिया के वाहन लूटे वाला गिरोह के दू गो बदमाशन के आजु लूटल गइल ट्रैक्टर ट्रॉली का साथे गिरफ्तार क लीहल गइल. पुलिस अधीक्षक लल्लन सिंह पत्रकारन के बतवलन कि पिछला 10 अप्रैल के उपेन्द्र सिंह नामके

21 वां राष्ट्रमंडल खेलन के पदक तालिका में भारत तिसरका जगहा पर

14 अप्रेल 2018 साँझ 4 बजे तक के स्थिति रैंक देश स्वर्ण रजत कांस्य कुल 1 आस्ट्रेलिया 72 55 57 184 2 इंगलैण्ड 40 38 40 118 3 भारत 25 14 18 57 4 कनाडा 15 39 26 80 5 दक्खिन अफ्रीका 13 11 13 37

Older Posts›› ‹‹Newer Posts