Go to ...
RSS Feed

Archives for May 2018

29 मई, मंगल के भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर

बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी

दू दिन हड़ताल पर रहीहें बैंक कर्मचारी

नयी दिल्ली 29 मई (वार्ता). सरकारी बैंक कर्मचारी संघ काल्हु से दू दिन हड़ताल पर रहे के एलान कइले बावे. एह लोग के मांग बा कि तनखाह में दू फीसदी के मामूली बढोतरी के प्रस्ताव पर फेर से विचार होखे. हड़ताल का चलते बैंकन के कहना बा कि लोग डिजिटल तरीका से भुगतान करे काहे

भोजपुरी साहित्य सेवियन के पाती अक्षर सम्मान से सम्मानित कइल गइल

बलिया, 27 मई. विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ पाती-रचना मंच के साझा आयोजन में आजु बिहार आ यूपी के सुदूर जनपदन से आइल विद्वान, रचनाकार, अउर सृजनकर्मी तिक्खर घाम आ गर्मी का बावजूद बढ-चढ़ के हिस्सा लिहलें. बलिया के बापू भवन (टाउन हॉल) में आचार्य रह चुकल आ हिन्दी संस्कृत के विद्वान डॉ

सरकार जनपथ से ना चल के जनमत से चलत बिया – कहलन मोदी

कटक 26 मई (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु कहलन कि राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन सरकार अपना चार बरीस का राज में साफ नीयत से आ पूरा प्रतिबद्धता का साथे काम करत अपना कड़ेर फैसलन से व्यवस्था बदलले बिया आ देश के साख बढवले बिया. भ्रष्टाचार आ करियाह धन का खिलाफ सरकार के कड़ा कार्रवाई से बौखलाइल

बरियार चोर सेन्ह मार के बिरहा गावे

नयी दिल्ली, 26 मई (वार्ता). मोदी सरकार के 4 बरीस पूरा होखे का मौका के विश्वासघात दिवस के नाम देत कांग्रेस आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह के जोड़ी के देश ला नुकसानदेह बतावत कहलसि कि एह चार बरीस में आपन कवनो वायदा ना पूरा के भाजपा देश से

भई गति साँप छुछुन्दर जइसी

दिल्ली, 26 मई. कांग्रेस के मौजूदा अध्यक्ष राहुल गाँधी आ पुरनकी अध्यक्षा सोनिया गाँधी का मूड़ी पर लटकल नेशनल हेराल्ड गड़बड़ घोटाला के मामिला आजु नाजुक दौर में चहुँप गइल जब दिल्ली के एडिशनल चीफ जुडिशियल मजिस्ट्रेट डॉ स्वामी के दरखास्त करतो उनुका के एह बाति के इजाजत दे दिहलिं कि स्वामी अपना गवाही में

सत्येंद्र सिंह राजपूत के फिलिम ’दीवाना तेरा मर जायेगा’ के भव्य मुहूर्त

मुंबई, 26 मई (रामचन्द्र यादव). ड्रीमसिटी एंटरटेनमेंट प्रा. लि. के प्रस्तुति भोजपुरी फिलिम ’दीवाना तेरा मर जायेगा’ के मुंबई में भइल भव्य मुहूर्त बेहद खास मौका बन गइल जब एह मौका पर डॉ सतीश सिखा मुख्य अतिथि का रुप में शामिल भइलें. डॉ सतीश इंसानियत के सेवा कइला का चलते दुनिया भर में जानल जालें.

कर्नाटक में कांग्रेस के कहानी खतम बतवलें येद्दियुरप्पा

बेंगलुरु 25 मई (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के बड़का नेता आ कर्नाटक के मुख्यमंत्री रह चुकल बी एस येद्दियुरप्पा आजु कहलन कि राज्य में कांग्रेस के कहानी अब खतम हो चुकल बा आ उनुका गोल का निशाना पर अब मुख्यमंत्री एच डी कुमारस्वामी बाड़न. भाजपा गोल के विधायकन के बइठक से पहिले मीडिया से

चारा घोटालेबाज लालू के गोल काल्हु पेट्रोल-डीजल के दाम बढ़ला पर विरोध प्रदर्शन करी

पटना 25 मई. जेल के सजा काटे का दौरान इलाज का नाम पर जमानत पर छूटल चारा घोटालेबाज लालू के गोल राष्ट्रीय जनता दल(राजद) आजु कहलसि कि ऊ केन्द्र में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) नीत नरेन्द्र मोदी सरकार के राज में पेट्रोल-डीजल के दाम लगातार बढञत गइला का खिलाफ बिहार भर में विरोध जुतूस निकाली.

शहीद जवान के परिवार के 25 लाख के सहायता दिआइल

लखनऊ, 25 मई (वार्ता) यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ छत्तीसगढ़ के नक्सली हमला में शहीद भइल केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल के जवान जौनपुर निवासी राजेश कुमार बिंद के भावभीनी श्रद्धांजलि देत एलान कइनी कि उनुका परिवार के 25 लाख रुपिया के आर्थिक सहायता दीहल जाई. शहीद राजेश कुमार बिंद के भावभीनी श्रद्धांजलि अर्पित करत योगी

देवरिया जिला कांग्रेस के अध्यक्ष आ उनुका गोल के 200 लोग पर मुकदमा

देवरिया, 25 मई (वार्ता) उत्तर प्रदेश के देवरिया टीसन प हजूम लेके चहुँपे, ढ़ोल नगाड़ा बजावे आ नारेबाजी कइला का अछरंग में कांग्रेस के देवरिया जिलाध्यक्ष समेत करीब दी सौ लोग पर रेल पुलिस मुकदमा दर्ज कइले बिया. रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स (आरपीएफ) के प्रभारी निरीक्षक अभय कुमार राय आजु बतवलन कि काल्हु सँझिया युवा कांग्रेस

तिलकधारी महाविद्यालय में 14 मई के होखे वाला सपना चौधरी के कार्यक्रम पर रोक

जौनपुर, 09 मई(वार्ता) जौनपुर जिला के तिलकधारी महाविद्यालय में 14 मई के हरियाणा के गायिका डांसर सपना चौधरी के होखे वाला कार्यक्रम पर सिटी मजिस्टेट रोक लगा दीहले बाड़न. महाविद्यालय के छात्र नेतवन के आजु जिलाधिकारी अरविन्द मलप्पा बंगारी आ सिटी मजिस्ट्रेट नगर का साथे बइठक भइल जवना में छात्र नेता सपना चौधरी के कार्यक्रम

चाराघोटाला के मुजरिम लालू बेटा के शादी में शामिल होखे ला पैरोल मिलल

रांची 09 मई (वार्ता) बिनबाँटल बिहार के बहुचर्चित चारा घोटाला में जेल के सजा काटत मुजरिम आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना बड़का बेटा तेज प्रताप यादव के शादी में अब शामिल हो सकीहें काहें कि पैरोल देबे के उनुकर निहोरा मान लीहल गइल बा. जेल सूत्र आजु बतवलें कि

बीएचयू के छात्र अपने में भिड़ले

बीएचयू के बिड़ला छात्रावास के दूगो छात्रन के लाल बहादुर शास्त्री छात्रावास में बंधक बनावे के अफवाह का बाद अधरतिया में दूनू छात्रावास से बहुते छात्र पत्थर आ लाठी डंडा ले के सड़क पर आ गइलें आ एक दोसरा के निशाना बनावच पथराव आ पेट्रोल बमन से हमला करे लगलें. कई वाहनन के आगि लगा

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 8 मई 2018, मंगल

मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में

कांग्रेस के भरोसा न्यायालय पर ना हो के अपना भरोसा वाला जजन पर बा

नयी दिल्ली, 08 मई. कांग्रेस आजु देश के देखा दिहलसि कि ओकर भरोसा न्यायपालिका पर ना होके ओह जजे लोग पर बा जिनका के ऊ पसन्द करेले. उच्च्तम न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश का खिलाफ ओकर महाभियोग प्रस्ताव के नोटिस जब राज्यसभा के सभापति खारिज कर दिहलें त ऊ एह मामिला के सुप्रीम कोर्ट में उठावे

भोजपुरी पट्टी से 15 गो खबर, 7 मई 2018, सोमार

जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल.

मुख्यमंत्री ना रह गइल लोग के सरकारी बंगला में रहे के हक नइखे – सुप्रीम कोर्ट

नयी दिल्ली, 07 मई (वार्ता) उच्चतम न्यायालय आजु यूपी में रहल अखिलेश सरकार के बनावल ओह कानून के खारिज कर दिहलसि जवना में व्यवस्था रहुवे कि एक बेर मुख्यमंत्री बन गइल लोग के भर जिनिगी ला सरकारी बंगला दीहल जाई. न्यायमूर्ति रंजन गोगोई आ न्यायमूर्ति आर भानुमति के पीठ एगो एनजीओ लोक प्रहरी के याचिका

राहुल, सोनिया इहो बतावे लोग कि कवना मामिला में जमानत पर बा लोग : मोदी

हुबली, धारवाड़ (कर्नाटक) 06 मई (वार्ता) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन के अध्यक्षा सोनिया गांधी आ कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी पर आरोप लगावत कहलन कि महतारी बेटा पांच हजार करोड़ रुपिया के घोटाला का मामिला में जमानत पर चलत बावे लोग. एह लोग के चाहीं कि जनता के बतावसु कि आखिर कवन बाति

भोजपुरी पट्टी से अतवार 6 मई 2018 के 6 गो खबर अउर

घर के तीन बेकत के मौत के खबर सुन के बेहोश भइली पत्नी आज़मगढ़, 06 मई (वार्ता) आजमगढ़ के कंधरापुर इलाका में कार का चपेटा में आके दादा-पोता के मौत हो गइल आ ई खबर सुन के पहिलहीं से अस्पताल में भरती विकलांग पिता के जान निकल गइल. पुलिस बतवलसि कि कप्तानगंज के कौड़िया बाजार

Older Posts››