web analytics

दू दिन हड़ताल पर रहीहें बैंक कर्मचारी


नयी दिल्ली 29 मई (वार्ता). सरकारी बैंक कर्मचारी संघ काल्हु से दू दिन हड़ताल पर रहे के एलान कइले बावे. एह लोग के मांग बा कि तनखाह में दू फीसदी के मामूली बढोतरी के प्रस्ताव पर फेर से विचार होखे.
हड़ताल का चलते बैंकन के कहना बा कि लोग डिजिटल तरीका से भुगतान करे काहे कि यूपीआई, महामोबाइल ऐप, आ नेट बैंकिंग का साथही एटीएम चालू रहीहें सँ आ अधिक से अधिक काम डिजिटल बैंकिंग के करीं सभे.
हड़ताली यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक यूनियन्स पिछला 11 मई के कहले रहुवे कि ओकरा ज्ञापन पर सरकार का ओर से कवनो जबाव ना मिलला आ कर्मचारि.न के तनखाह बढ़ावे पर विचार ना होखी त 30 आ 31 मई के देश भर में बैंकन के हड़ताल रही.

 151 total views,  2 views today

%d bloggers like this: