मुंबई 01 जून (वार्ता). बॉलीवुड अभिनेत्री ऐश्वर्या राय आ इरफान खान के फिलिम बॉक्स ऑफिस पर टकराए वाला बाड़ी सँ.
ऐश्वर्या राय के फिलिम फन्ने खान तीन अगस्त के रिलीज़ होखे वाली बा आ ओही दिने इरफान खान के कारवां फिलिमो रिलीज होखे वाली बा. ऐश्वर्या राय आपन कमबैक जज़्बा फिलिम से कइले रही आ ओह फिलिम में उनकर साथ दिहले रहलें इरफान खान. अब ऐश्वर्या उनुकरे फिलिम से टक्कर लेत लउकीहें.
कारवां फिलिम से कन्नड़ सुपरस्टार दलकीर सलमान बॉालीवुड में डेब्यू करे जात बाड़न.
फन्ने खान फिलिम में ऐश्वर्या, राजकुमार राव का अपोज़िट दिखाई दीहें. कहल जात बा कि एह फिलिम में ऐश्वर्या के किरदार हॉलीवुड के सिंगर्स मडोना, बियॉन्से अउर रिहाना से प्रेरित बा.
फिलिम के कहानी बाप बेटी का रिश्तन पर बा.
131 total views, 1 views today