लखनऊ, 11 जून. कानूनी सलाह लिहला का बाद उत्तर प्रदेश के राज्य संपत्ति विभाग फैसला कइले बावे कि मुख्यमंत्री रहल लोग जवन बंगला खाली कइले बा ओह में लगावल गइल सरकारी संपति के नुकसान के जांच करावल जाई. विभाग के कर्मचारी एह बंगलन से गायब भइल सामानन के सूची बनावल शुरू कर दिहले बाड़ें. सामान गायब मिलला पर ओकर नोटिस ओह रहल मुख्यमंत्री के भेजल जाई.
जान जाईं कि हाल ही में अखिलेश यादव, राजनाथ सिंह, मायावती आ मुलायम सिंह यादव आपन आपन सरकारी बंगला खाली कइलें आ अखिलेश के बंगला में बहुते नुकसान चहुँपावल गइल बा. अपना कुकर्म पर लजाए का बदले अखिलेश सरकारी अधिकारियन के धिरावल बाड़ें कि सरकार आवत जात रहेली सँ एहसे तनी सम्हर के रहे लोग. आपन हेकड़ी बघारत अखिलेश कहतारें कि जवन अधिकारी उनुकर कप प्लेट उठावल रहलें ऊ आजु उनुका के फँसावे में लागल बाड़ें. अखिलेश के एकर पछतावा नइखे कि ऊ सरकारी संपति के नुकसान चहुँपवले बाड़ें. उनुकर कहना बा कि सरकार सामान के सूची देव ऊ भुगतान कर दीहें. अरे भाई सभे जानत बा कि माटी के घर में रहे वाला मास्टर साहब नेता बनते अइसन कमाई क लिहले बाड़न कि खानदाल खरबपति हो गइल बा. बाकिर इहो साबित हो गइल कि संपति अइला का बावजूद संस्कार आइल जरुरी ना होखे. एगो कहाउत कहले जाला कि चोर चोरी से जाई बाकिर तुम्बाफेरी ना छोड़ पाई. बापे पूत परापत घोड़ा, बहुत नहीं तो थोड़ा थोड़ा.
151 total views, 1 views today