
जीएसटी से गरीब आ मिडल क्लास के फायदा : मोदी
July 1, 2018
नयी दिल्ली, 01 जुलाई (वार्ता) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु वस्तु अउर सेवा कर (जीएसटी) लागू भइला के एक साल पूरा होखला के मौका पर कहलन कि एहसे गरीब आ मिडल क्लास के लोग के फायदा चहुँपल बा आ साथही रोजगार के मौका आ कराधान में पारदर्शिता आइल बा.
प्रधानमंत्री कहलन कि जीएसटी का चलते आर्थिक स्तर पर पारदर्शिता बढ़ल बा, कर ढांचा व्यवस्थित भइल बा आ कारोबार कइल आसान होखला का साथ ही उत्पादकता बढ़ल बा.
अपना ट्वीट में पीएम मोदी लिखले बाड़न कि –
“जीएसटी का एक साल : गरीबों और मध्यम वर्ग को लाभ मिला,
जीएसटी का एक साल : लघु एवं मझोले उद्यमों के लिए अवसर बढ़े,
जीएसटी का एक साल : पारदर्शिता बढ़ी,
जीएसटी का एक साल : उत्पादकता बढ़ी,
जीएसटी का एक साल : कारोबार करना आसान हुआ,
जीएसटी का एक साल : सुधार के साथ अर्थव्यवस्था साफ सुथरी बनी।”