web analytics

महाराजगंज-मसरख नईकी रेल लाइन पर 12 जुलाई के स्पीड ट्रायल होखी

(फाइल फोटो)

गोरखपुर, 10 जुलाई (वार्ता). पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मण्डल के महाराजगंज से मसरख ले बनावल गइली नईकी बड़ी रेल लाइन पर 12 जुलाई का दिने ट्रेन चला के ओकर स्पीड ट्रायल सीआरएएस के मौजूदगी में कइल जाई.
पूर्वोत्तर रेलवे के प्रवक्ता बतावत बाड़न कि रेल लाइन का अगल-बगल रहे वाला लोगन के चोतावल गइल बा कि हाई स्पीड ट्रायल का दौरान सावधान रहे लोग.
एह दौरान रेल लाइन पार करत घरी पूरा सावधानी बरते लोग आ गलत जगहा सा रेल लाइन पार मत करे लोग जवना से कवनो दुर्घटना के अनेसा बनि जाव.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: