web analytics

राहुल के कनखी उनुकर खेल बिगाड़ दिहलसि


शुक का दिने लोकसभा में पेश तेदेपा के अविश्वास प्रस्ताव पर आपन मोहर लगावे का बेचैन कोशिश में अपने के कांग्रेस होखे के दावा करे वाला राहुल जवन हरकत कइलन ओकरा के उनुकर पोसुआ मीडिया एगो बड़का बाति बतावे बनावे के कोशिश करिके उनुका के अगिला चुनाव में विपक्ष के चेहरा साबित करावे में कवनो कोर-कसर ना छोड़ितें. बाकिर अपना नशा का झोंक में राहुल कनखी मार के इशारा का करि दिहलें कि उनुकर सगरी खेले बिगड़ि गइल आ उनुकर भोंपू जमात कपार धुनत रहि गइल.
बनल बनावल स्क्रिप्ट पर काम करत राहुल आपन भाषण खतम कइला का बाद पीएम मोदी का कुरसी का ओर बढ़ि गइलें आ उनुका के उठे के इशारा करे लगलन. बाकिर मोदी राहुल के बचकानी हरकत के महटियावत जब चुपटाप बइठले रहि गइलें त मजूबरन राहुल उनुकर गरदन धरि के लटक गइलें. जब चललें त पीएम उनुका के बोलवलें आ उनुकर पीठ थपधपा दिहलें. सिखावल स्क्रिप्ट के सही सही अभिनय कर लेबे में सफल राहुल ओकरा बाद अपना सीट पर चहुँपि के कनखी मारत इशारा कर दिहलें. ओह कनखी के मतलब रहुवे कि देख, आपन सीन सीन हम कतना सहजे निपटा दिहनी.
आ राहुल के कनखी सब गुड़-गोबर करि दिहलसि. ओकरा बाद बढ़िया से बढ़ियो रफू मास्टर का वश में ना रहि गइल एह बात के सम्हारल. बाद में पीएम मोदी राहुल के नाम लिहले बिना एह तरह के बचकानी हरकत के बहुते गलत बतवलें आ कहलें कि अतना हड़बड़ी के कवन जरुरत बा.
राहुल अपना भाषण में राफेल मामिला के जिकिर करत अइसन झूठ बोल गइलें कि फ्रांस सरकार के तुरते आपन खंडन जारी करे के पड़ गइल कि राहुल के कहना गलत आ बेबुनियाद बा. हालांकि तबो हेहरई के पराकाष्ठा देखावत राहुल आपन गलती माने ला तइयार नइखन आ अब ओह घरी पीएम रहल मनमोहनो सिंह के लपेटा में ले लिहले बाड़ें. अब राहुल के कहल गलत बतावे के बेंवत मनमोहन सिंह में होखल मुश्किल बा उनुका के सही बतावे के बेहयाइओ उनुका से ना हो सकी. देखल जाव कि खेल कबले चलत बा.
ओने राहुल के गलत बयानी पर भाजपा उनुका खिलाफ विशाधइकार नोटिस ले आवे वाली बिया.

 155 total views,  1 views today

%d bloggers like this: