web analytics

क्रिकेट के कप्तानी से पाकिस्तान के ‘कप्तानी’ ले चहुँपलन इमरान


इस्लामाबाद 26 जुलाई (वार्ता). ‘नया पाकिस्तान’ के नारा लगा के आम चुनाव लड़े वाला पाकिस्तान तहरीक-ए- इंसाफ (पीटीआई) के अध्यक्ष इमरान खान के माथ पर जीत के सेहरा सजल करीब करीब तय हो गइल बा काहे कि उनुकर गोल सबले बड़का गोल बन के उभरल बा. हालांकि उनुकर गोल साफ बहुमत से फरके रहि गइल बा बाकिर आजाद उम्मीदवारन के बहुतायत देखत उनुकर सरकार बनल तय बुझात बा.
जेल में बंद पाकिस्तान के पुरनका पीएम नवाज शरीफ के गोल पाकिस्तान मुस्लिम लीग-नवाज (पीएमएल-एन) 64 सीट पर आ बेनजीर भुट्टो के बेटा बिलावल के गोल पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी (पीपीपी) के महज 42 सीट मिले के उमेद बा. आतंकवादी संगठन के सरगना हाफिज सईद के गोल अल्लाहो अकबर के सूपड़ा साफ हो गइल बा आ ओकरा एको सीट नइखे मिलल.
पीएमएल-एन अउर पीपीपी मतगणना में बड़हन धांधली के आरोप लगावत एह नतीजन के खारिज कइले बाड़ें.
इमरान के जीते के उम्मीद देखत आजु पाकिस्तानी शेयर बाजार भारी बढ़त का साथे खुलल.
पाकिस्तान के नेशनल एसेंबली में कुल 342 सीट होला जवना में से 272 सीट पर चुनाव होला आ 60 गो सीट महिलन से आ 10 गो सीटें अल्पसंख्यकन ला राखल जाला, अबकी 272 में से दू सीट पर चुनाव नइखे भइल आ सरकार बनावे ला 137 सीट चाहेला.
काल्हु साँझुवे से गिनती शुरु भइला का बावजूद परिणाम आवे में देरी हो रहल बा. चुनाव आयोग के कहना बा कि कुछ तकनीकि कारण से अइसन हो रहल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: