Archives for August 2018
नयी दिल्ली, 24 अगस्त (वार्ता). रेलवे होटल का निविदा में घोटाला करे का मामिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) ने ओह घरी रेलमंत्री रहल आ एह घरी चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव का संगही उनुका मेहरारु आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी यादव आ महागठबन्हन सरकार में बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल उनुकर
नयी दिल्ली 19 अगस्त. कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी शनिचर का दिने अपना निकालल नेता मणिशंकर अय्यर के फेरु से अपना गोल में शामिल क लिहलें. गुजरात चुनाव का बेरा मणिशंकर नरेन्द्ग मोदी के नीच आदमी बतवले रहलें जवना का बाद कांग्रेस उनका के अपना गोल से बाहर निकाल दिहले रहुवे.अब सोशल मीडिया पर पढ़े के
मुंबई, 18 अगस्त (वार्ता). बॉलीवुड का संगही हॉलीवुडो का फिलिमन में आपन छाप छोड़े वाली अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा के सगाई शनिचर का दिने उनुका से 11 बरीस छोट विदेशी गायक निक जोनस का साथे हो गइल. पंजाबी परंपरा का साथे सगाई के रस्म प्रियंका का घरे पर भइल आ एह दौरान प्रियंका अउऱ निक के
देवरिया में अदालत ने सेक्स कांड के तीन आरोपी को भेजा रिमांड पर देवरिया 18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया के अपर सत्र न्यायाधीन के अदालत मां विंध्यवासिनी महिला प्रशिक्षण एवं समाज सेवा संस्थान से संचालित बाल गृह बालिका, बाल गृह शिशु और सुधार गृह के तीन गो आरोपियन के तीन दिन ला रिमांड
पोर्ट लुइस, अगस्त 18 (वार्ता). तीन दिन चले वाला 11 वां विश्व हिन्दी सम्मेलन के आजु शनिचर का दिने मारीशस के पैलेस में स्वामी विवेकानन्द अंतर्राष्ट्रीय सभागार में शुरुआत हो गइल. ई मारीशस सरकार का सहयोग से भारत के विदेश मंत्रालत का आयोजित ई सम्मेलन सोमार के खतम होखी. पिछला सम्मेलन सितम्बर 2015 में भोपाल
इस्लामाबाद 18 अगस्त (वार्ता). पाकिस्तान के नया चुनाइल प्रधानमंत्री इमरान खान के आजु शनिचर का दिने ओहिजा के 22वां वजीरे-आजम पद के किरिया धरावल गइल. सदरे पाकिस्तान ममनून हुसैन ऐवान-ए-सदर (प्रेसीडेंट हाउस) में बोलावल गइल एगो सादा समारोह में इमरान खान के वजीरे-आजम पद के किरिया धरवलन. एह किरियाधराई समारोह में कार्यवाहक प्रधानमंत्री नसीरूल हक,
बस्ती में सरयू नदी का बाढ़ से 50 गांव आफत में बस्ती, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के हर्रैया तहसील के पचासो गो से अधिका गाँव सरयू नदी के बाढ़ से घेराइल बा. अधिकारियन के कहना बा कि आजु शनिचर का दिने नदी खतरा के निशान से 55 सेमी ऊपर बहत बिया.
नयी दिल्ली, 17 अगस्त (वार्ता). भारत रत्न आ प्रधानमंत्री रह चुकल अटल बिहारी वाजपेयी जी के आखिरी सफर में आजु राजधानी में जन सैलाब उमड़ पड़ल आ देश के दूर दराज इलाको से आइल लाखो लोग तिक्खर घाम आ उमस भर मौसम का बावजूद एहमें शामिल भइलें. राजधानी के आईटीओ के नियरा दीनदयाल उपाध्याय मार्ग
नयी दिल्ली 16 अगस्त (वार्ता) भारत सरकार आपन पुरान प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी जी के निधन पर उनुका सम्मान में सात दिन के राष्ट्रीय शोक के एलान कइले बिया. उनुकर आखिरी संस्कारो आजु साँझे राजघाट का लगे स्मृति स्थल में कइल जाई. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अध्यक्षता में काल्हु राति एहिजा भइल केन्द्रीय मंत्रिमंडल
अटल बिहारी वाजपेयी के स्वर्गवास नयी दिल्ली 16 अगस्त. पाँच जुग ले भारत के राजनीति के सितारा, भारतीय राजनीति के शिखर पुरूष, अजातशत्रु आ प्रधानमंत्री रहल संघी नेता अटल बिहारी वाजपेयी आजु लमहर बीमारी का बाद आजु स्वर्ग खातिर प्रयाण कर गइनी. 93 बरीस के वाजपेयी जी पिछला दू महीना से अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान
मुंबई, 14 अगस्त (वार्ता). तुर्की के मुद्रा लीरा के दाम में लगातार हो रहल भारी गिरावट का दबाव में दुनिया के कई देशन के मुद्रा का साथही भारत के रुपियो लपटाइल जात बा आ आजु अंतर बैकिंग विदेशी मुद्रा बाजार में एक डॉलर के बदले रुपिया में दाम 70.08 रुपिया हो गइल. आजु ले रुपिया
कोलकाता 13 अगस्त. लोकसभा अध्यक्ष रहल सोमनाथ चटर्जी के आजु कोलाकाता के एगो निजी अस्पताल में दिल के दौरा पड़ला से मौत हो गइल. ऊ 89 वर्ष के रहलें आ एने कुछ समय से बेमार चलत रहुवन. पिछला हप्ता उनुका के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे. अतवार का दिने उनुका दिल के
नयी दिल्ली 09 अगस्त. बलिया के मूल निवासी, बिहार से राज्यसभा सांसद आ राँची में रहे वाला जदयू के सांसद रहल हरिवंश नारायण सिंह आजु राज्यसभा उपसभापति पद ला करावल गइल भोटिंग में कांग्रेसी सांसद बी के हरिप्रसाद के सीधा मुकाबला में हरावत उपसभापति चुना गइलें. उनुका पक्ष में 125 भोट पड़ल जबकि विरोध में
नयी दिल्ली 08 अगस्त. आखिरकार विपक्ष राज्यसभा उपसभापति पद ला आपन उमीदवार एकमत से नाहिए चुन सकल आ आखिर में कांग्रेस के एगो पुरान नेता बी के हरिप्रसाद एह पद ला आपन परचा दाखिल करा दीहलन. अब उनुके के विपक्ष के साझा उम्मीदवार बतावल जा रहल बा. हरिप्रसाद के सीधा मुकाबला अब राजग के साझा
चेन्नई 07 अगस्त. द्रविड़ मुनेत्र कषगम (द्रमुक) के सुप्रीमो अउर तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रह चुकल नेता एम करुणानिधि के मंगल का दिने बीमारी का चलते कावेरी अस्पताल में मौत हो गइल. उनुकर उमिर वइसहूं 94 बरीस हो गइल रहुवे. कावेरी अस्पताल का ओर से जारी विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि करुणानिधि साँझ के छह
पटना 06 अगस्त (वार्ता). बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु कहलन कि राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) का ओर से जनता दल यूनाईटेड (जदयू) के राज्यसभा सांसद हरिवंश नारायण सिंह राज्यसभा के उपसभापति पद के उम्मीदवार बनावल जइहें. नीतीश कुमार पटना में लोकसंवाद’ कार्यक्रम का बाद पत्रकारन से बातचीत में एह बाति के पुष्टि करत बतवलें
नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा दिआवे वाला 123वां संविधान संशोधन विधेयक के सोमार का दिने राज्यसभा पारित कर दिहलसि. एकरा खातिर भोट करावल गइल बाकिर एकरा विरोध में एकहू वोट ना पड़ल. 145 भोट एकरा पक्ष में पड़ल. कुछ सांसद आपन संशोधन के प्रस्ताव दिहले रहलें बाकिर बाद
नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राज्यसभा के उप सभापति के चुनाव एही हप्ता नौ अगस्त, बियफे का दिने करावल जाई. एह पद खातिर बुध ले परचा दाखिल हो सकी. एह बाति के एलान आजु सदन के सभापति एम. वेंकैया नायडु राज्यसभा में इस कइलन आ कहलन कि सदन के उप सभापति के चुनाव नौ अगस्त
बर्मिंघम, 04 अगस्त (वार्ता). भारत के जीत के तमाम उम्मीदें कप्तान विराट कोहली पर टिकल रहुवे बाकिर जइसहीं विराट पगबाधा आउट भइलन, इंग्लैंड जीत हासिल करे में अधिका समय ना लिहलसि. पहिला टेस्ट के चउथका दिने शनिचर के सबेरे का सत्र में 31 रन से जीत के इंग्लैंड पांच मैचन के सीरीज में 1-0 के
नैनीताल, 04 अगस्त (वार्ता). उत्तराखंड उच्च न्यायालय काल्हु शुक का दिने एगो याचिका पर फैसला देत राज्य सरकार के ओह फैसला के रद्द क दिहलसि कि तिसरका बच्चा जनमावे ला मातृत्व अवकाश ना दीहल जाई. वरिष्ठ न्यायाधीश राजीव शर्मा के एकलपीठ हल्द्वानी के रहे वाली उर्मला मसीह के याचिका पर सुनवाई का बाद राज्य सरकार
Older Posts››