
इशांत झटकलें पांच गो विकेट, जीते खातिर भारत के चाहीं 194 रन
August 3, 2018
बर्मिंघम, 03 अगस्त (वार्ता). भारत के अनुभवी तेज गेंदबाज इशांत शर्मा आजु 51 रन दे के पांच विकेट ले लिहलें आ भारत इंगलैण्ड का बीच होखत पहिलका क्रिकेट टेस्ट के तिसरका दिने इंगलैण्ड के पूरा टीम 180 रन पर बहरा गइल. अब जीते खातिर भारत के महज 194 गो रन बनावे के बा.
इशांत 13 ओवर में 51 रन दे के पांच विकेट लिहलें, ऑफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन 31 ओवर में 59 रन दे के तीन विकेट अउऱ तेज गेंदबाज उमेश यादव अपना सात ओवर में 20 रन दे के दू गो विकेट लिहलें. एह तरह इंग्लैंड के पूरा टीम 53 ओवर में 180 रन बना के आउट हो गइल. पहिला पारी में इंग्लैंड के 13 रन के बढ़त हासिल रहुवे.
एके ओवर में इशांत तीन गो विकेट ले के इंग्लैंड के मिडिल आर्डर भसा दिहलें आ मेजबान टीम आपन सात गो विकेट गँवा के महज 87 रन बना पवले रहुवे. बाद में जवान खिलाड़ी सैम करेन 65 गेंदन पर नौ गो चउका आ दू दो छक्का मार के 63 रन के पारी खेल के इंग्लैंड के 180 ले पहुंचा दिहलें. उमेश यादव तब करेन के विकेटकीपर दिनेश कार्तिक का हाथे आउट कराके इंग्लैंड के पारी खतम करा दिहलें.