बस्ती में सरयू नदी का बाढ़ से 50 गांव आफत में
बस्ती, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के हर्रैया तहसील के पचासो गो से अधिका गाँव सरयू नदी के बाढ़ से घेराइल बा.
अधिकारियन के कहना बा कि आजु शनिचर का दिने नदी खतरा के निशान से 55 सेमी ऊपर बहत बिया. नदी के रूख अबहीं थथमल बा बाकिर कटान आ बाढ़ से बोवल फसलन के नुकसान भइल बा. नदी खतरा के बिन्दु 92.730 से ऊपर हो के 93.380 पर बहत बिया.
एह बाढ़ से रानीपुर, कठवनिया, रामनगर, केशवपुर, फूलडीह, भरथापुर, कल्याणपुर, पडाव, भदोई, बाघानाला, हैदराबाद, जोगापुर, मुनियांवा, मलहनी, रिधौरा, खेमराजपुर, पकड़ी, कन्हईपुर, लकड़ी, छतौना, सन्दालपुर, सहजौरा, कवलपुर, चानपुर, खजांचीपुर, विस्मदासपुर, सुविकाबाबू, टेड़वा, दिलासपुर, पहड़ावापुर, बरदिया लोहार वगैरह गाँव बाढ का पानी से घेरा गइल बाड़ी सँ. कई जगहा नदी के बहाव से कटानो हो रहल बा.
जिला प्रशासन कटान रोके आ बाढ़ पीडितन के हर सम्भव सहायता देबे में लागल बा.
आजमगढ़ पुलिस हत्यारोपी इनामी बदमाश के गिरफ्तार कइलसि
आज़मगढ़ 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश में आज़मगढ़ के अहिरौला थाना में भइल पुलिस मुठभेड़ में एगो व्यवसायी के हत्यारोपी आ 25 हजार रुपिया के इनामी बदमाश घवाहिल हो गइला का बाद पुलिस का गिरफ्च में आ गइल. एह मुठभेड़ में एगो कांस्टेबलो घवाहिल भइल बा.
पुलिस अधीक्षक (ग्रामीण) एन पी सिंह बतवलें कि पिछला 11अगस्त का दिने अहिरौला इलाका के मतबूलपुर बाजार में अपना दुकान पर बइठल मिठाई कारोबारी जितेन्द्र पर ताबड़तोड़ फायरिगं क के कुछ मोटरसाइकिल सवार बदमाश हत्या क दिहलें आ असलहा लहरावत फरार हो गइल रहले स.
तफतीश में तीन गो बदमाशन के नाम सामने आइल आ काल्हु शुक का रात मुख्य अपराधी अकबर अली के गिरफ्तार क लीहल गइल. गिरफ्तार अभियुक्त के लेके आवत पुलिसकर्मियन के मोटरसाइकिल के टक्कर मारके फायर करत बदमाश अकबर अली के पुलिस हिरासत से छोड़ा के भागे लगलें. तब खबर पा के ओहनी के बाईपास मोड़ पर घेर लीहल गइल. घेराइल बदमाश तब फायर करत भागे लगले. जबाबी पुलिस फायर से अकबर अली घवाहिल हो गइल. बाकिर ओकर दुनु साथी फरीर हो गइलें स. एह मुठभेड़ में आरक्षी दीनबन्धु यादव घवाहिल हो गइ
घवाहिल आरक्षी आ बदमाश दुनु के जिला चिकित्सालय आजमगढ़ भेजल गइल बा.
जौनपुर में पारिवारिक कलह का चलते एगो नवही फांसी लगवलसि
जौनपुर, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका में शुक के राति एगो नवही फांसी लगाके जोन दे दिहलसि.
पुलिस के कहना बा कि अनुसार सरोखनपुर निवासी ठाकुर प्रसाद के 27 बरीस के बेटा अतुल मोदनवाल रात में दुकान से लवटल त ओकर अपना मेहरारु से कवनो बात लेके बाताबाती हो गइल.
रोज रोज के एह पारवारिक कलह से तंग आके अतुल फांसी लगा के जान दे दिहलसि.
खबर पा के चहुँपल पुलिस फंदा से लाश उतार के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि.
वाराणसी में नेपाली श्रद्धालुअन के बस पलटल
वाराणसी, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश में वाराणसी कैंट इलाका में नेपाली श्रद्धालुअन से भरल एगो बस सड़क डिवाइडर से टकरात पलट गइल आ ओहपर सवार 40 गो यात्रियन समेत 42 लोग घवाहिल हो गइल. पाँच जने के हालत खराब बा.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि शुक के देर रात जिला जेल का नियरा ई हादसा भइल. खबर मिलते पुलिस आ एनडीआरएफ के टीम मौका पर चहुंप गइल आ बस के जंगला का शीशा तूड़ तूड़ के घवाहिलन के बाहर निकालल गइल आ पंडित दीन दयाल उपाध्याय जिला अस्पताल में भरती करावल गइल.
गंभीराह घवाहिल तीन गो नेपाली श्रद्धालुअन के काशी हिंदू विश्व विद्यालय के ट्रॉमा सेंटर में भरती करावल गइल बा.
हादसा का बाद बस चालक मौका से फरार हो गइल.
बतावल जात बा कि एगो मोटरसाइकिल के बचावे में ई हादसा भइल. मोटरसाइकिल सवारो घवाहिल हाल में जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.
नेपाली श्रद्धालुअन के ई बस नेपाल के सुनसरी जिला से भारत घूमे खातिर निकलल रहुवे. शनिचर का दिने श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में बाबा के दर्शन-पूजन का बाद अगिला दिने इलाहाबाद होत आगरा जोए के प्लान रहुवे.
लाश उठावे आइल थानाध्यक्ष के गोली मारल गइल
आरा 18 अगस्त (वार्ता) बिहार के भोजपुर जिला के सहार इलाका में एगो चौकीदार के बेटा के हत्या का बाद शव उठावे आइल पुलिस दल पर खिसियाइल लोग हमला क दीहल आ गोली चला दीहल लोग. गोली थानाध्यक्ष के लागल बा आ उनुका के आरा अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
पुलिस सूत्र बतवलें कि बजरयां गांव के कटैया टोला में काल्हु देर रात कुछ अपराधी चौकीदार के बेटा लालबाबू यादव (30) के गोली मारके हत्या क दिहलें. ओकरे लाश उठावे चहुँपल पुलिस दल पर लोग हमला क दीहल आ थानाध्यक्ष संजय यादव घवाहिल हो गइलें.
नागा यादव के होटल पर कुछ लोग हंगामा करत रहे त नागा के लोग गोलीबारी कइल जवना से लालबाबू के मौत ठाँवे पर हो गइल. बाद में लालबाबू के गाँव के लोग नागा के होटल पर आ ओकरा सहयोगी हरेन्द्र यादव के घर पर जमके तोड़फोड़ कइलें.
पुलिस पर हमला होखे के खबर पा के पुलिस अधीक्षक अवकाश कुमार बड़हन पुलिस बल ले के मौका पर चहुंपलें. एह मामिला में छह जने के गिरफ्तार कइल गइल बा.
मऊ में सड़क हादसा में मोटरसाइकिल के मौत
मऊ 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश में मऊ के सरायलखन्सी इलाका में आजु शनिचर का दिने भइल एगो सड़क हादसा में एगो मोटरसाइकिल सवार के मौत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइलें.
पुलिस बतावत बिया कि हलधरपुर इलाका के चकरा गाँव के प्रेमचंद मौर्य (45) अपना रिश्तेदार मदन मौर्य का साथे मोटरसाइकिल से एगो रिश्तेदारी से घरे लवटल रहलें जब बकवल मोड़ का लगे एगो ट्रक से धक्का लगला का बाद मोटरसाइकिल पलट गइल.
एह हादसा में प्रेमचंद ट्रक का नीचे आ गइलें आ कचरइला से उनकर मौत ओहिजे हो गइल. मदन मौर्या गम्भीर रूप से घवाहिल हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.
हादसा का बाद ट्रक चालक ट्रक सहित फरार हो गइल बा.
338 total views, 1 views today